लोकसभा चुनाव 2019 के नतीजा के बाद एक बार फिर से पेट्रोल अउर डीजल के दाम बढ़ गईल बा | मुंबई , कोलकाता अउर दिल्ली में पेट्रोल के दाम 14 पैसा जबकि चेन्नई में 15 पैसे प्रति लीटर दाम बढ़ गईल | डीजल के दाम में दिल्ली अउर कोलकाता में 16 पैसा जबकि मुंबई अउर चेन्नई में 17 पैसा प्रति लीटर के बढ़ोतरी कईल गईल बाने |
डीजल अउर पेट्रोल के दाम में लगातार दूसरा दिन बढ़ोतरी भईल हवे | इससे पहले बृहस्पतिवार , 23 मई के पेट्रोल के दाम दिल्ली, कोलकाता, मुंबई अउर चेन्नई में 8 पैसा प्रति लीटर बढ़ गईल, जबकि डीजल के दाम में दिल्ली अउर कोलकाता में 9 पैसे जबकि मुंबई और चेन्नई में 10 पैसा प्रति लीटर के बढ़ोत्तरी कईल गईल हवे |
इंडियन ऑयल के वेबसाइट के अनुसार, शुक्रवार के दिल्ली, कोलकता, मुंबई अउर चेन्नई में पेट्रोल के दाम बढ़के क्रमश: 71.39 रुपये, 73.46 रुपये, 77 रुपये अउर 74.10 रुपये प्रति लीटर हो गईल हवे | डीजल के दाम में भी चारों महानगर में बढ़के क्रमश: 66.45 रुपये, 68.21 रुपये, 69.63 रुपये अउर 70.24 रुपया प्रति लीटर हो गइल |