Friday, April 26, 2024
Homeधर्म कर्मराशिफलसाप्ताहिक राशिफल

साप्ताहिक राशिफल

मेष राशि (चु, चे, चो, ला, ली, लू, ले, लो, अ) :

13 मई से 19 मई 2019: एह सप्ताह आपके खातिर कई मायनो में महत्वपूर्ण रही जेसे आप अपने काम के तेजी दिहले में व्यस्त रहिब। एह सप्ताह आपके स्वास्थ्य लाभ बनल रही । ओहि व्यवसायिक जीवन में वृद्धि अर्जित कईले के अच्छा अवसर बनल रही जेसे आप अपने काम में अउर शीघ्रता से कईला में लागल राहिब ।

वृषभ राशि (इ, उ, ए, ओ, वा, वि, वू, वे, वो) :

13 मई से 19 मई 2019: एह सप्ताह के पहिले भाग से आप अपने सम्पर्क में तेजी लाते हुए ओकर सार्थकता के समीक्षा करेब। इ आप देखब कि कउन से सम्पर्क के अउर बढ़ावल जा सकला और कउने रिस्ता के अउर बढ़वले के जरुरत बा । परिवार के साथ आपके एह सप्ताह के पहिले भाग से ही कुछ न कुछ अनबन बनल रही |

मिथुन राशि (क,की, कु,घ, ड.,छ, के, को, हा) :

13 मई से 19 मई 2019: एह सप्ताह के पहिले भाग से ही आप अपने तकनीक ज्ञान के अउर अच्छा बनौले के बारे में सोचब । आप एह बात के गहराई तक सोचले की कोशिष करब कि कउन से कोर्स अयीसन बाने जेसे अच्छा कैरियर के राह आसान रही । आपइ महसूस करब कि एह कामन में आपके कउनो मित्र व जानकार से सहयोग मिली ।

कर्क राशि (ही, हू, हे, हो, डा, डी, डू, डे, डो) :

13 मई से 19 मई 2019: एह सप्ताह आप कउनो भवन व वाहन के खरीद सकीले । आप चुन-चुन के अइसन वस्तुओं के अपने घर में संग्रहित करब जेसे घर के अउर आकर्षक बनौला में सहायता मिली । एह सप्ताह के पहिले भाग से आपके स्वास्थ्य सुखद व सुन्दर बनल रही ।

सिंह राशि (म,मि, मु,मे, मो, टा, टि, टू, टे) :

13 मई से 19 मई 2019: एह सप्ताह आपके शारीरिक क्षमता मे बढ़त के स्थिति बनल रही । फलतः आप अपने कुछ काम के जहाँ तेजी दिहला में लागल रहब । ओहि पिछड़ रहल कामन के समीक्षा करब जेकरा से ओके पुनः गति दिहल जा सके। हालांकि आपके लगी कि घर परिवार में कुछ आपकी वज़ह से माहौल बिगड़ रहल बा , जेसे आप दूसरे सप्ताह में सकृय रहब ।

कन्या राशि (टो, पा,पी, पू,ष, ण, ठ, पे, पो) :

13 मई से 19 मई 2019: एह सप्ताह आप जहाँ नौकरी खातिर कही दूर स्थान पर यात्रा व प्रवास में रहिब । ओहि उत्पादन व विक्रय के काम में तेजी के दौर बनावे के खातिर व्यस्त रहिब । हालांकि आपके एह कामन के पूरा करे के खातिर कुशल कर्मचारियन के कुछ कमी रही ।

तुला राशि  (रा, री, रू, रे, रो, त, ती, तू, ते) :

13 मई से 19 मई 2019: इ सप्ताह आपके सौभाग्य व सम्मान के और समृद्ध करे वाला रही । जेसे आपके हौसला बुलंद रही । आप अपने काम के प्रति समर्पित बनल रहिब। हालांकि स्थानीय बाजार में प्रतिस्पर्धा के दौर में दौड़ लगौला में आप अब्वल आने के खातिर तत्पर रहिब । हालांकि एह काम के अंतिम रूप देवे के खातिर आप अपने प्रबंध तंत्र के अउर दुरूस्त करे के खातिर तईयार रहिब |

वृश्चिक राशि (तो, ना, नी,नू, ने, नो, या, यी, यू) :

13 मई से 19 मई 2019: इ सप्ताह आपके कउनो स्थानीय बाजार में चहल-पहल कईले के मौका मिली । आप व्यवसायिक सम्भावनाओं के तलाश में रहब । आप कुछ ऐसा करे के ख़ातिर तत्पर रहब जैसे वहाँ कुछ आर्थिक गतिविधियन के अंजाम तक पहुंचवले मे प्रगति अर्जित कईल जा सके ।

धनु राशि (ये, यो, भा, भी, भू, ध, फ, ढ़, भे) :

13 मई से 19 मई 2019: इ सप्ताह के पहिले भाग से ही आपके घर परिवार मे सुखद और शांति के वातावरण बनल रही । जेकरा से आपके उत्साह में वृद्धि दर्ज भईला के स्थिति बनल रही। भौतिक सुख-सुविधा के और विस्तार दिहला में आपकी रूचि बनल रही। आप अपने काम से अपने माता-पिता के भी प्रसन्न करिब ।

मकर राशि (भो, ज, जी, खि, खु,खे, खो, ग,गी र) :

13 मई से 19 मई 2019: इ सप्ताह आप अपने वर्तमान के प्रगति से न केवल खुश रहीब बल्कि अपने खुशियन के कुछ लोगों में बटले के प्रयास करब । कहे कि इ सप्ताह के पहिले व दूसरे भाग आपके व्यवसायिक प्रगति देवे वाला रही । पत्नी व बच्चों से भी सहयोग मिली ।

कुम्भ राशि (गु,गे, गो, सा, सी, सू,से, सो, दा) :

13 मई से 19 मई 2019: इ सप्ताह आप रोजी-रोटी के लिए अधिक गहनता से अधिक सोचब । भले ही आपके कुछ स्थानीय क्षेत्र में जाये के पड़े लेकिन काम के करे के खातिर तत्पर रहींब । परिणामतः आपके सुखद जीवन के मार्ग निर्मित रही । एह दौरान आप अपने परिवार के साथ अधिक मिलल रहिब । आपके अपने छोटे भाई बहन के सहयोग मिली ।

मीन राशि  (दी, दू, थ, झ, त्र, दे, दो, चा, ची) :

13 मई से 19 मई 2019: इ सप्ताह आप कउनो भूमि के खरीद के खातिर तईयार रहब । आप देखब कि आपके द्वारा कईल गईल प्रयास के अच्छा लाभ मिल रहल बा । हालांकि खरीद से पहिले आपके ओकरे वैधता की सही जानकारी लिहल जरूरी रही । नाहीं त विक्रेता आपके परेशान करत रही |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments