Friday, April 26, 2024
Homeयुवान्यूजीलैंड के हरा के 27 साल बाद विश्व कप 2019 सेमीफाइनल में...

न्यूजीलैंड के हरा के 27 साल बाद विश्व कप 2019 सेमीफाइनल में पहुचल इंग्लैंड

जॉनी गेंदबाजों के उम्दा प्रदर्शन और  बेयरस्टो के लगातार दोहरा शतक बनवला के कारन  इंग्लैंड  विश्व कप के अहम मुकाबले में न्यूजीलैंड के 119 रन से हराकर सेमीफाइनल में प्रवेश कर लिहले बा । इंग्लैंड के आठ विकेट पर 305 रन के जवाब में कीवी टीम 45 ओवर में 186 रन पर आउट हो गईल । इंग्लैंड  1992 के बाद पहली बार विश्व कप सेमीफाइनल में जगह बनाईले बा  जबकि ऑस्ट्रेलिया और भारत अंतिम चार में जगह बना चुकल बाने ।

न्यूजीलैंड हार के बावजूद बाहर ना  भइल बा काहें कि पाकिस्तान के सेमीफाइनल में पहुंचे   के लिये आपन आखिरी मैच में फॉर्म में चल रहल  बांग्लादेशी टीम के  300 से अधिक रन के अंतर से हरावे के होइ। न्यूजीलैंड के  शुरूआत बेहद खराब रहल और ओकर  दोनों सलामी बल्लेबाज छठे ओवर में पवेलियन लौट गएलें  जब स्कोर बोर्ड पर 14 रन ही बनल रहल । मार्टिन गुप्टिल आठ रन बनाकर जोफ्रा आर्चर की गेंद पर विकेट के पीछे जोस बटलर को कैच दे बइठलें । वहीं हेनरी निकोल्स खाता खोले बिना क्रिस वोक्स का शिकार हो गइलें ।  कप्तान केन विलियमसन और रोस टेलर  क्रमश: 27 और 28 रन बनाकर रन आउट हो गइलें । टाम लाथम ने 65 गेंद में पांच चौकों की मदद से 57 रन बनइलें ।

इंग्लैंड खातिर  मार्क वुड नौ ओवरन  में 34 रन देकर तीन विकेट लिहलें  जबकि जोफ्रा आर्चर सात ओवरन में 17 रन देकर एक विकेट लिहलें। इससे पहले न्यूजीलैंड के गेंदबाजों ने आखिरी 20 ओवरों मे सिर्फ 111 रन दिहले  और सात विकेट लिहलें।जिम्मी नीशाम ने 10 ओवर में 41, ट्रेंट बोल्ट ने 56 और मैट हेनरी ने 54 रन देकर दो दो विकेट लिहलें।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments