Saturday, May 18, 2024
Homeटॉप स्टोरीयूपी एमएलसी की 27 सीटों पर भाजपा या सपा के रही आगे, फैसला...

यूपी एमएलसी की 27 सीटों पर भाजपा या सपा के रही आगे, फैसला शाम तक 

स्थानीय निकाय प्राधिकार क्षेत्र से विधान परिषद के रिक्त 36 सीटों में से 27 सीटों पर  मंगलवार के सुबह आठ बजे से मतगणना होई। मुख्य निर्वाचन अधिकारी अजय कुमार शुक्ल के अनुसार 27 मतगणना केन्द्र बनावल गईल बा। चूंकि इ चुनाव मतपत्रों में वोटरों द्वारा प्रत्याशियों के नाम के आगे अधिमान अंक (वरीयता क्रम) अंकित करावल जाला एहिसे वोटन के गिनती में समय लागी। मंगलवार देर शाम नतीजे आवे के उम्मीद जतावल गईल बा।

इन 36 सीटों में आठ सीटों पर  भाजपा के नौ उम्मीदवार पहले ही  निर्विरोध चुनाव जीत चुकल बाड़े। एमे लखीमपुर खीरी से अनूप कुमार गुप्ता, बांदा-हमीरपुर से जितेन्द्र सेंगर, एटा-मैनपुरी-मथुरा से आशीष यादव, ओम प्रकाश सिंह, बुलंदशहर से नरेन्द्र भाटी, अलीगढ़ से ऋषिपाल, हरदोई से अशोक अग्रवाल, मिर्जापुर-सोनभद्र से श्याम नारायण सिंह और बदायूं से वागीश पाठक शामिल बाड़े। बतावत चली कि एटा-मैनपुरी-मथुरा के एक सीट से दो उम्मीदवार चुनल जाला।
नौ सीटों के खातिर शनिवार नौ अप्रैल के मतदान सम्पन्न भईल। कुल  98.11 प्रतिशत वोट पड़ल रहे। वाराणसी सीट के खातिर भईल मतदान में सबसे ज्यादा 99.1 प्रतिशत वोट चंदौली में पड़ल। इन सभी सीटन पर अधिकांशत: भाजपा और सपा के बीच टक्कर बा।  कुल 1, 20, 657 वोटर रहे।

इन सीटों के खातिर होई मतगणना
मुरादाबाद-बिजनौर,  रामपुर-बरेली , पीलीभीत-शाहजहांपुर,  सीतापुर, लखनऊ-उन्नाव, रायबरेली, प्रतापगढ़, सुल्तानपुर, बाराबंकी, बहराइच, गोण्डा, फैजाबाद, बस्ती-सिद्धार्थनगर, गोरखपुर-महाराजगंज , देवरिया, आजमगढ़-मऊ ,बलिया, गाजीपुर, जौनपुर, वाराणसी , इलहाबाद , झांसी-जालौन-ललितपुर, कानपुर-फतेहपुर , इटावा-फरूखाबाद ,आगरा-फिरोजाबाद, मेरठ-गाजियाबाद और मुजफ्फरनगर-सहारनपुर।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments