भारतीय टीम एक बार फिर से पाकिस्तान के हरा के फिर से एक बार इतिहास रचले बा | भारत अपने चिर-प्रतिद्वंद्वी पाकिस्तान के खिलाफ आईसीसी वर्ल्ड कप एगो बड़े मुकाबला में अजेय क्रम बरकरार रखले बा | टीम इंडिया मैनचेस्टर के ओल्ड ट्रेफर्ड मैदान पर खेलल गईल हाई वोल्टेज मुकाबले में पाकिस्तान के 89 रन से हराते हुए हुए लगातार 7वीं जीत दर्ज कईले | एह जीत के साथ भारतीय टीम अंकतालिका में तीसरे स्थान पर पहुंच गईल | भारतीय टीम 7 अंकों के साथ तीसरे स्थान बा | 8 अंक के साथ ऑस्ट्रेलिया पहिले , जबकि 7 अंक के साथ न्यूजीलैंड दूसरे स्थान पर बा | मैनचेस्टर के ओल्ड ट्रेफर्ड में भारत पाकिस्तान पर वर्ल्ड कप में आपन सबसे बड़ी जीत हासिल कईले | ऐसे पहिले टीम इंडिया 2015 में अपने चिर प्रतिद्वंद्वी के एडिलेड में 76 रन से मात दिहले | रोहित शर्मा मैन ऑफ द मैच भईले |