Thursday, May 9, 2024
Homeटॉप स्टोरीभोजपुरी सुपरस्टार खेसारीलाल मंगले सीएम नीतीश से मदद

भोजपुरी सुपरस्टार खेसारीलाल मंगले सीएम नीतीश से मदद

भोजपुरी सुपर स्टार खेसारी लाल यादव इन दिनों एक यू ट्यूबर से काफी परेशान बाड़े और उ ना सिर्फ सोशल मीडिया पर लिखकर सीएम नीतीश और बिहार पुलिस से मदद मंगले बाड़े, बल्कि सीएम के और मंत्री संजय झा के पत्र भी भेजले बाड़े. दरअसल खेसारी लाल यादव के आरोप बा कि एक यू ट्यूबर गौतम सिंह उनकर बेटी और बीबी के रेप के धमकी दिहले बा और उनकर जीना मुहाल कर रखले बा. खेसारी लाल यादव थक हारकर अब सीएम से मदद के गुहार लगवले बाड़े और आरोपी यू ट्यूबर के खिलाफ कार्रवाई के मांग कईले बाड़े.

फेसबुक पोस्ट में खेसारी लिखले कि सरकार ऐ मानसिक विक्षिप्त और जहरीले इंसान पर एक्शन ले काहेकी इ ना सिर्फ हमके गाली दे रहल बा बल्कि हमार बीबी और बेटी के रेप के धमकी दे रहल बा. इ सरकार पर भरोसा जताते हुए लिखले बाड़े कि हमके उम्मीद बा कि न्याय मिली न त हम आपन फैन्स पर छोड़त बनी और फैन्स से ही सहारा लेब. इतना ही ना खेसारी यह भी कहले कि अगर कार्रवाई ना होइ त उ धरना पर भी बैठिये और बिहार भी छोड़ दिहे.

यू ट्यूबर गौतम सिंह एक निजी यू ट्यूब चैनल चलावेले और आये दिन भोजपुरी अभिनेता, सिंगर के लेकर लाइव आवत रहेले. खासकर खेसारी लाल यादव यू ट्यूबर के निशाने पर पहले नम्बर पर बाड़े. खेसारी आखिरकार आज यू ट्यूबर के धमकी भरा वीडियो आपन एफबी पर पोस्ट कर दिहले और सरकार से न्याय के गुहार लगावले बाड़े.

इन दिनों भोजपुरी में सब कुछ ठीक नइखे चलत. जहां सुपर स्टार पवन सिंह के तलाक प्रकरण अभी सुर्खियों में बा, वहीं अब खेसारी लाल यादव और यू ट्यूबर के विवाद एक बार फिर से चर्चे में आ गईल बा. ऐसे में देखे के होइ कि आखिर खेसारी के पत्र पर सीएम नीतीश कब एक्शन लिहन और फैन्स की प्रतिक्रिया का रही.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments