Saturday, May 18, 2024
Homeटॉप स्टोरीबीरभूमि हिंसा मामले में मौत से पहले पीड़ित महिला के गवाही बनी...

बीरभूमि हिंसा मामले में मौत से पहले पीड़ित महिला के गवाही बनी मुख्य सबूत

बीरभूमि जिले के बोगटूई गांव में भईल हिंसा में बुरी तरह से जख्मी नाजिमा बीवी मौत से पहले सीबीआई के जांच अधिकारियों के जउन गवाही दे ले बाड़ी उ अहम साबित भईल बा , सूत्रन के मुताबिक उ लोग कैसे घर में मौत का तांडव मचावले रहले, ओकर जानकारी नाजिमा बीवी देले बाड़ी।

गौरतलब बा की नाजिमा बीबी के गत सोमवार के सुबह मौत हो गईल नाजिमा के 65% जली स्थिति में अस्पताल में भर्ती करल गईल रहे। उ दो गुटन में नरसंहार की जीवित गवाह रहली। जिले के बोगटूई गांव में टीएमसी नेता भादू शेख के हत्या के बाद ओकर समर्थक लोग कई घरन में आग लगा दिहले रहने । ओमे 10 लोगन की मौका पर ही मौत हो गईल रहे जबकि एक महिला उपचार के दौरान दम तोड़लस कोलकाता हाईकोर्ट के आदेश पर सीबीआई इ मामले की जांच कर रहल बिया।

बंगाल में बीरभूमि जिले के बोगटूई में भईल हिंसा के लेकर भाजपा के दिल्ली से आई केंद्रीय फैक्ट फाइंडिंग कमेटी आपन रिपोर्ट पार्टी अध्यक्ष जेपी नड्डा के सौप देले बा। कमेटी कहले बा की बंगाल में माफिया राज में कानून व्यवस्था पूरी तरह से ध्वस्त हो गईल बा। एकरे अलावा रिपोर्ट में बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी के करीबी व बाहुबली नेता अनुव्रत मंडल के नाम भी बा। दूसरी ओर तृणमूल कांग्रेस सुप्रीमो ममता बनर्जी ऐह रिपोर्ट के सीबीआई के जांच में दखलअंदाजी बतवले बड़ी। भाजपा के रिपोर्ट में कल गईल बा कि बंगाल में कानून व्यवस्था इतना खराब बा की लोग अपन घर छोड़ के जाए के मजबूर बा। बोगटूई हिंसा राज्य प्रायोजित जबरन वसूली गुंडा टैक्स के नतीजा बा। सरकार जउन जांच समिति बनवले बिया ओमे में यूपी के पूर्व डीजीपी बृजलाल, मुंबई के पूर्व पुलिस कमिश्नर व सांसद सत्य पाल सिंह, कर्नाटक के पूर्व आईपीएस राज्यसभा सांसद केसी राम,पश्चिम बंगाल कैडर की पूर्व आईपीएस भारती घोष, पश्चिम बंगाल के बीजेपी प्रदेश अध्यक्ष सुकांता मजूमदार समिति में शामिल करल गइल बा . कमेटी केंद्र सरकार से इ पूरे मामले में हस्तक्षेप करे के अपील कइले बिया, साथ ही बंगाल में कानून व्यवस्था बनाए रखे खातिर जरूरी कदम उठावे पे जोर दिहले बिया ।

पुलिस ने टीएमसी नेता भादू शेख के हत्या के मामले में तीन और लोगन के गिरफ्तार कईले बिया । उनकर नाम राजू शेख, संजू शेख और शेरा शेख बा।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments