Friday, May 10, 2024
Homeस्पोर्ट्सICC हटइलस विवादित बाउंड्री काउंट नियम, बनौले नया नियम

ICC हटइलस विवादित बाउंड्री काउंट नियम, बनौले नया नियम

क्रिकेट विश्व कप 2019 के फाइनल में सुपर ओवर टाई भईला के बाद ICC के ओह नियम की बहुत आलोचना भईल रहे जेकरे तहत तहत इंग्लैड के विजेता घोषित कईल गईल रहे ओह मैच में फैसला बाउंड्री काउंट नियम के आधार पर कईल गईल रहे। जेकरा बाद ICC के सोशल मीडिया पर बहुते आलोचना भईल रहे। सोमवार के आईसीसी एह विवादित बाउंड्री काउंट नियम के हटा दिहले अब मैच में सुपर ओवर टाई भईला पर तब तक सुपर ओवर बार बार होत रही जब तक कि कउनो एक टीम के पक्ष में फैसाला मत आ जा।
आईसीसी के क्रिकेट समिति अउर मुख्य कार्यकारी समिति (CEC) एह बात पर सहमति दिहले बा कि आईसीसी प्रतियोगिता मे भईल टाई मैच के फैसला सुपर ओवर से होवे के चाही। आईसीसी एह सिफारिश के मान लिहले बा।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments