Monday, May 20, 2024
Homeटॉप स्टोरीयोगी आदित्यनाथ मंत्रिमंडल 2.0 में कई बड़े चेहरे बाहर, विधायक बनला के...

योगी आदित्यनाथ मंत्रिमंडल 2.0 में कई बड़े चेहरे बाहर, विधायक बनला के बाद भी ना बनावल गएले मंत्री

लखनऊ । उत्तर प्रदेश के विधानसभा चुनाव में भारतीय जनता पार्टी के प्रचंड जीत के बाद योगी आदित्यनाथ दूसरी बार प्रदेश के मुख्यमंत्री के रूप में शपथ लीहले। उनकर साथे दो डिप्टी सीएम सहित 52 मंत्रियों भी सरकार चलावे की तैयारी कईले, बाकि कई बड़े चेहरे चुनाव जीतले के बाद भी सरकार से बाहर भईले। आज योगी आदित्यनाथ उत्तर प्रदेश में अपन दूसरे कार्यकाल के खातिर लखनऊ के इकाना स्टेडियम में 52 मंत्रियों के साथ शपथ लीहे।

योगी आदित्यनाथ सरकार 2.0 में छह बड़े चेहरों के साथ मोहसिन रजा के सरकार में शामिल ना कईल गईल। योगी आदित्यनाथ के सरकार में कैबिनेट मंत्री रहले सतीश महाना, श्रीकांत शर्मा, सिद्धार्थनाथ सिंह, महेन्द्र सिंह तथा नीलकंठ तिवारी के इस बार सरकार में जगह ना मिलल। इनके साथ ही कैबिनेट मंत्री रहले आशुतोष टंडन ‘गोपाल जी’ तथा राज्य मंत्री मेहसिन रजा के योगी आदित्यनाथ सरकार 2.0 में शामिल ना कईल गईल। सतीश महाना कानपुर के महाराजपुर, श्रीकांत शर्मा मथुरा, सिद्धार्थनाथ सिंह इलाहाबाद पश्चिम आशुतोष टंडन ‘गोपाल जी’ तथा नीलकंठ तिवारी वाराणसी दक्षिणी विभानसभा क्षेत्र से जीत दर्ज कईले। महेन्द्र सिंह तथा मोहसिन रजा विधानसभा परिषद के सदस्य बा लोग।

इनके साथ ही कैबिनेट मंत्री रहे जय प्रताप सिंह तथा राज्य मंत्री स्वतंत्र प्रभार रहे अशोक कटारिया के भी मंत्रिमंडल में शामिल ना कईल गईल। इनके साथ कैबिनेट मंत्री राम नरेश अग्निहोत्री तथा रमापति शास्त्री के साथ राज्य मंत्री अतुल गर्ग, श्रीराम चौहान, जय कुमार जैकी, अनिल शर्मा, सुरेश पासी, चौधरी उदय भान सिंह, रामशंकर सिंह पटेल, नीलिमा कटियार, महेश गुप्ता तथा जीएस धर्मेश को भी इस बार मंत्रिमंडल में शामिल ना कईल गईल।

मोहसिन रजा के जगह मुस्लिम चेहरे के रूप में दानिश आजाद अंसारी के मौका मिलल बा। मोहसिन रजा के जगह राज्य मंत्री बने दानिश आजाद अंसारी लखनऊ विश्विद्यालय से बीकॉम और फिर मास्टर ऑफ क्वालिटी मैनेजमेंट व मास्टर ऑफ पब्लिक एडमिनिस्ट्रेशन की पढ़ाई कईले बाड़े। युवा चेहरा और बुलंद आवाज वाले अंसारी छह वर्ष तक भाजपा से जुड़ल छात्र संगठन यानी अखिल भारतीय विद्यार्थी परिषद (एबीवीपी) के कार्यकर्ता रहले। 2017 में उनको उर्दू भाषा समिति के सदस्य बनावल गईल। 2022 के चुनाव से ठीक पहले भाजपा अल्पसंख्यक मोर्चा का महामंत्री बनावल गईल।

बलिया के रहने वाले दानिश लखनऊ में पढ़ाई कईले बाड़े। दानिश आजाद अंसारी मूल रूप से बलिया के बसंतपुर के रहे वाले बाड़े। 32 वर्षीय दानिश 2006 में लखनऊ यूनिवर्सिटी से बी.कॉम के पढ़ाई पूरी कईले। दानिश खुलकर युवाओं के बीच एबीवीपी के साथ-साथ भाजपा और आरएसएस के लिए माहौल बनवले। इसमें भी खासतौर पर मुस्लिम युवाओं के बीच में वह काफी सक्रिय रहले।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments