Saturday, May 18, 2024
Homeयुवामारुति सुज़ुकी भारत में लॉन्च कइलस नया कार - एस-प्रेसो

मारुति सुज़ुकी भारत में लॉन्च कइलस नया कार – एस-प्रेसो

मारुति सुज़ुकी एगो नया  हैचबैक लॉन्च कर देहेले बिया जेकर नाम बा एस-प्रेसो एकर  दिल्ली में शुरुआती एक्सशोरूम कीमत  बा 3.69 लाख रुपया

मारुति सुज़ुकी एगो  बिल्कुल नया  हैचबैक लॉन्च केले बिया जेकर दिल्ली में  एक्सशोरूम कीमत बा  3.69 लाख रुपया  एकर  टॉप मॉडल के लिए 4.91 लाख रुपए रही , कंपनी एस-प्रेसो सिर्फ पेट्रोल वेरिएंट में उपलब्ध कराई जेमे ऑल्टो के10 वाला 1.0-लीटर इंजन लगाइल गइलबा . इ मारुति के नई एंट्री-लेवल कार बा और कंपनी एके फ्यूचर-एस कॉन्सेप्ट के नाम से पहली बार 2018 ऑटो एक्सपो में दिखवले  रहल.  कंपनी एकर चार वेरिएंट्स – स्टैंडर्ड, LXI, VXI और VXI+ में निकली .

कार के  काफी आकर्षक बनाइल गइल बा , इंटीरियर के हिसाब से इ पैसा वसूल कार बिया . मारुति सुज़ुकी एस-प्रेसो 6 कलर्स में उपलब्ध कराई गईल बिया , जेमे बिल्कुल नए स्टैरी ब्ल्यू और सिज़ल ऑरेंज शामिल बा . कार में डुअल-एयबैग्स, रियर पार्किंग सेंसर्स और स्पीड सेंसिंग डोर लॉकिंग दीहल  गईल  बा ,

एकर  एस-प्रेसो बॉडी कलर से मेल खात डैशबोर्ड दिहल गइल बा  जे कि  कार के टॉप मॉडल के साथ आवे ला . बेस मॉडल में  सिर्फ ड्राइवर साइड एयरबैग उपलब्ध कराएल गएल बा . केबिन मिनी-कूपर से प्रेरित बा एमे  स्मार्टप्ले स्टूडियो सिस्टम लागल बा  और एप्पल कारप्ले के साथ एंड्रॉइड ऑटो कनेक्टिविटी के साथ में आवेला . कार का स्टीयरिंग व्हील  नई वैगनआर जैसन बा , एकरे अलावा कार में ऑडियो और ब्लूटूथ के लिए कंट्रोल्स भी दिहल गइल  बा .

फोटो क्रेडिट -सोशल मीडिया

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments