मदर डेयरी शुक्रवार के दूध के दाम में दो रुपये प्रति लीटर के वृद्धि कईले बा | कंपनी कहले कि पशुचारा के दाम बढ़ला के वजह से किसान से दूध के खरीद खातिर अधिक भुगतान करेके पड़ रहल बा | राष्ट्रीय राजधानी क्षेत्र में दूध के बिक्री करे वाली वाली प्रमुख कंपनी दो साल से ज्यादा समय के बाद दूध के दाम में वृद्धि कईले |
मदर डेयरी केवल पॉली पैक दूध के कीमत में ही वृद्धि कईले बा | टोकन के जरिये बेचे जाये वाले दूध के दाम में कउनो वृद्धि नाही कईले बा | कंपनी अपने बयान में कहले कि , “एक लीटर के पैक पर केवल एक रुपया अउर आधा लीटर के पैक पर 2 रुपया के बढ़ोतरी कईल गईल हवे | एह तरह से आधा लीटर के पैक पर एक रुपये के इजाफा होइ | ’’
नया दर के अनुसार, फुल क्रीम दूध के कीमत अब 52 रुपया के जगह 53 रुपये प्रति लीटर होइ , जबकि आधा लीटर वाले पैक के दाम 26 रुपये से बढ़के 27 रुपये हो जायी . फुल क्रीम (प्रीमियम) दूध 55 रुपये प्रति लीटर अउर आधा लीटर दूध 28 रुपये में बेचल जायी | टोंड मिल्क के दर के 41 रुपये से बढ़ाके 42 रुपये प्रति लीटर कईल गईल बा | आधा लीटर के पैक का दाम 21 रुपये से बढ़ाकर 22 रुपये कईल गईल बा |