Sunday, May 5, 2024
Homeटॉप स्टोरीUPTET पेपर लीक: STF की बड़ी कार्रवाई,भइल कई लोगन के गिरफ्तारी

UPTET पेपर लीक: STF की बड़ी कार्रवाई,भइल कई लोगन के गिरफ्तारी

उत्तर प्रदेश शिक्षक पात्रता परीक्षा-2021 (UPTET 2021) के पेपर लीक होने के मामले में परीक्षा नियामक प्राधिकारी के लखनऊ से गिरफ्तार कर लिहल गइल बा . एक दिन पहले ही मंगलवार के इस मामले में आरोपी अधिकारी के उनके पद से सस्पेंड कर दिहल गइल रहल .

परीक्षा नियामक प्राधिकारी संजय उपाध्याय ही परीक्षा करावे वाली कमेटी के अध्यक्ष, परीक्षा नियामक प्राधिकारी रहने . सूत्रन के अनुसार पीएनपी के अधिकारी लोग परीक्षा कराते समय आपन जिम्मेदारी सही से ना निभाइलें . उ दिल्ली की एजेंसी आरएसएम फिनसर्व लिमिटेड के पेपर छपाई की जिम्मेदारी दिहले रहने .

इससे पहले एसटीएफ टीईटी परीक्षा के दिल्ली में पेपर छापने वाली प्रिंटिंग प्रेस के मालिक राय अनूप प्रसाद के मंगलवार को गिरफ्तार कइले रहल . उ मूल रूप से गोरखपुर के निवासी बा . प्रसाद के दिल्ली के ओखला में प्रिंटिंग प्रेस बा .

इ मामले में थाना सूरजपुर में एसटीएफ के द्वारा विभिन्न प्रिंटिंग प्रेस के मालिकन के खिलाफ गैंगस्टर ऐक्ट के तहत मामला दर्ज कराइल गइल बा . इ केस में 24 से ज्यादा आरोपियन के गिरफ्तारी हो चुकल बा . जांच में पता चलल बा कि प्रिंटिंग प्रेस में प्रश्न पत्र छपने के दौरान गोपनीयता ना बरतल गइल। पेपर के जानकारी वाट्सग्रुप से एक दूसरे तक पहुंचाई गइल । फिलहाल आरोपित लोगन से पूछताछ करल जात बा । पूछताछ के बाद कुछ और आरोपितों की गिरफ्तारी हो सकेला ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments