Tuesday, May 14, 2024
Homeदिल्ली-NCRअनलॉक-4 के तहत आज से 9वीं-12वीं तक के स्कूल, हायर एजुकेशनल इंस्टीट्यूट...

अनलॉक-4 के तहत आज से 9वीं-12वीं तक के स्कूल, हायर एजुकेशनल इंस्टीट्यूट खुल सकेला

न्यूज़ डेस्क : नई दिल्ली

आज से कई राज्यन में 9वीं से 12वीं तक के स्कूल आंशिक तौर पर खुल जइहें । कई हायर एजुकेशनल इंस्टीट्यूट्स में भी क्लास लगे लागी। एकरा खातिर स्वास्थ्य मंत्रालय पहले ही स्टैंडर्ड ऑपरेटिंग प्रोटोकॉल (एसओपी) जारी कर दिहले बा ।

गृह मंत्रालय आपन दिशा-निर्देशों में कहले बा कि कंटेनमेंट जोन के बाहर के स्‍कूलन के ही खोले के अनुमति मिली . एही तरह उन छात्रन के स्‍कूल आवे के अनुमति मिली , जिनकर घर कंटेनमेंट जोन में न हों. उहें स्‍कूलन के सैनिटाइज करवावल अनिवार्य होई . खासकर जिन स्‍कूलन के क्‍वारंटीन सेंटर्स बनाइल गइल रहल , उन्‍हें सुनिश्चित करे के होई कि संस्‍थान संक्रमण रहित हो गइल बा . कक्षाओं में सोशल डिस्‍टेंसिंग के पालन करवावे के होई . एकरा खातिर 6 फीट की दूरी रखना अनिवार्य होई . स्‍कूल में सभी छात्रन , शिक्षकन -कर्मचारियन खातिर मास्‍क लगाना अनिवार्य होई . 

छात्रन के स्‍कूल आवे पर गेट पर ही थर्मल स्‍क्रीनिंग और हैंड सैनेटाइज करववे के होई . स्‍कूलन में शिक्षक ऑनलाइन क्‍लास भी लिहें ताकि स्‍कूल न आने वाले छात्र भी पढ़ सकें. छात्र-शिक्षक एक-दूसरे के नोटबुक, पेन, पेंसिल आदि नाही लिहें . 

स्कूलों में प्रार्थनाएं, खेलकूद ना होंई . सभी शिक्षण संस्थानन के हेल्पलाइन नंबर (स्थानीय स्वास्थ्य अधिकारियों के नंबर) प्रदर्शित करे के होई . एसी के तापमान 24-30 डिग्री के बीच रखे के होई . कमरन में वेंटिलेशन होवे के चाही .

सरकार के इ निर्णय के बाद कई राज्यन में आंशिक रूप से कक्षा 9 से 12 तक के छात्रन खातिर स्‍कूल खोले के फैसला करल गइल बा . लेकिन कई राज्‍य अब भी स्‍कूल खोले के निर्णय के टालत बाने .

दिल्ली: देश की राजधानी दिल्‍ली में 5 अक्टूबर तकले सबही स्‍कूल बंद रखी .

उत्तर प्रदेश: उत्‍तर प्रदेश में स्‍कूल कब तक बंद रहिहें, ए पर स्‍पष्‍ट तौर पर कुछ नहीं कहल गइल बा लेकिन उपमुख्यमंत्री दिनेश शर्मा कहने कि सितंबर में स्कूल व कॉलेज बंद रहिहें . उ कहने कि कोरोना के बढ़ते मामलन के देखते कर 21 सितंबर से स्कूलन के आंशिक रूप से फिर से खुले के संभावना बहुत ही कम बा . 

बिहार: इहा इ निर्णय पर आधा अमल करल गइल बा . 21 सितंबर से स्‍कूल अपने 50 फीसदी शिक्षकन और कर्मचारियन के बुला सकेंलें उहें 9वीं से 12वीं के छात्र गाइडेंस खातिर स्‍कूल जा सकेंलें . लेकिन राज्‍य में छात्रों खातिर स्‍कूल-कॉलेज 30 सितंबर तक बंद रहिहें . 

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments