Sunday, May 19, 2024
Homeटॉप स्टोरीयोगी सरकार तैयार कइलस 62 कुख्यात माफियाओं के लिस्ट, चलत रही बाबा...

योगी सरकार तैयार कइलस 62 कुख्यात माफियाओं के लिस्ट, चलत रही बाबा के बुलडोज़र ..

पीयूष धर द्विवेदी / भोजपुरी लाइव ( लखनऊ )

उत्तर प्रदेश में योगी सरकार अपराध के कमर तोड़े खातिर कसम खा लेहले बिया । लगातार आपराधिक कृत्यों में शामिल अपराधी, माफिया और अवैध निर्माण पर बुल्डोजर के कार्रवाई हो रहल बा। जेकरा डर से अपराधी थाने में खुदे जा के सरेंडर करत बा । एही क्रम में शासन स्तर से 50 और यूपी पुलिस द्वारा 12 समेत कुल 62 माफियाओं के सूची तैयार करल गइल बा। एडीजी एलओ प्रशांत कुमार बतइने कि इन सभी 62 माफिया और उनके गैंग के खिलाफ पुलिस द्वारा कड़ी कार्रवाई होवे वाला बा।

सबसे ज्यादा कुर्की मेरठ जोन में होई
एडीजी एलओ प्रशांत कुमार बतइने कि मार्च 2022 से मई 2022 तक 788 कुख्यात अपराधियों के खिलाफ गैंगस्टर एक्ट के तहत कार्रवाई करल गईल बा । उ बतइने कि इनसे कुल अपराध से अर्जित करल गईल 6 अरब 61 करोड़ 78 लाख रुपये की अवैध संपत्ति कुर्क करल गईल । सिर्फ मेरठ जोन से ही दो अरब 32 करोड़ 80 लाख रुपये की संपत्ति कुर्क भइल बा । एडीजी के मुताबिक, पुलिस लगातार कुख्यात माफिया और उनके गैंग पर शिकंजा कसत बिया और उन पर कार्रवाई भी करल जात बा ।

प्रशांत कुमार बतइने कि प्रदेश में मार्च 2017 से मार्च 2022 के बीच करीब 20 अरब 95 करोड़ 64 लाख 53 हजार से ज्यादा रुपये की संपत्ति गैंगस्टर एक्ट के तहत जब्त करल गईल। एडीजी बतइने कि 62 माफियाओं के अतिरिक्त यूपी पुलिस मुख्यालय द्वारा जनपद स्तर पर माफियाओं को चिन्हित करल गइल बा जेकरा अंतर्गत प्रदेश भर में कुल 30 खनन माफिया, 228 शराब माफिया, 168 पशु माफिया, 347 भू माफिया, 18 शिक्षा माफिया, 359 अन्य माफियाओं के चिन्हित कर कार्रवाई करल जात बा और इनकर संपत्तियां चिन्हित कर उनके गैंगस्टर एक्टर के तहत जब्त करे के भी कार्रवाई करल जात बा ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments