Sunday, May 5, 2024
Homeटेक्नोलॉजीवोडाफोन जिओ के टक्कर देवे के खातिर लांच कईले नया प्लान

वोडाफोन जिओ के टक्कर देवे के खातिर लांच कईले नया प्लान

टेलीकॉम सेक्टर पर कब्बो राज करे वाली एयरटेल अउर वोडाफोन जइसन कंपनी अब जियो से पिछड़त नजर आ रहल बानी | जियो के कड़ी टक्कर देवे के खातिर वोडाफोन अउर एयरटेल समय-समय पर अपने रिचार्ज प्लान्स में बदलाव भी कईले लेकिन ओहसे जिओ के यूजर के प्रभावित ना कई पउले | अब वोडफोन एक बार फिर अनलिमिटिड कॉलिंग अउर फ्री मैसेज के सर्विस वाले दो नए प्लान्स लेके आ रहल बा |
वोडाफोन के नए प्लान की शुरुआत 205 रुपये से होयी | 205 रुपये के प्लान में यूजर्स लोकल अउर नेशनल लेवल पर अनलिमिटिड कॉलिंग कई सकेले | इ प्लान में कॉलिंग के कउनो सीमा निर्धारित नाही कईले बाने | एह प्लान में यूजर्स के 35 दिन के वैलिडिटी के साथ में 600 मैसेज भी मिली | हालांकि वोडाफोन के ओर से एह प्लान में डेटा के काफी लिमिटिड राखल गईल बा | यूजर्स के खातिर एह प्लान में 2GB डेटा भी शामिल बा | लेकिन डेटा खत्म हो गईला पर यूजर्स को 1MB डेटा इस्तेमाल कईला के खातिर 50 पैसे खर्च करे के होइ | वोडाफोन के दूसरे रिचार्ज प्लान के कीमत 225 रुपये हवे | अउर एह प्लान के वैलिडिटी 48 दिन होइ | एह प्लान में यूजर के अनलिमिटेड कालिंग के साथ साथ 4 GB डाटा भी मिली |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments