Sunday, May 19, 2024
Homeटॉप स्टोरीगोरखनाथ मंदिर हमला: टेरर कनेक्‍शन के मिलल कई और सबूत, मुर्तजा के...

गोरखनाथ मंदिर हमला: टेरर कनेक्‍शन के मिलल कई और सबूत, मुर्तजा के लखनऊ ले गईल ATS

गोरखनाथ मंदिर के सुरक्षाकर्मियों पर हमला करे के आरोपी अहमद मुर्तजा अब्बासी के केस मंगलवार के शासन ने एटीएस के ट्रांसफर कर देले बा। मुर्तजा के पास से बरामद सभी सामान के साथ एटीएस के सौंप दीहल गईल बा। रात करीब 8 बजे मुर्तजा के मेडिकल करावल गईल। रात में टीम ओके लेकर पहले ओकर घर पहुंचल। वहां तलाशी लीहल फिर लखनऊ रवाना हो गईल। उधर, मंदिर में दाखिल होखे, आतंकी साजिश और हमलावर मुर्तजा के इरादा के जांच के खातिर एटीएस, पुलिस, एसटीएफ व खुफिया तंत्र के करीब दर्जन भर टीम लागल बा। नेपाल, मुंबई, कोयंबटूर, जामनगर, गाजीपुर और जौनपुर के अलावा कई जिला तक टीम सुराग तलाशल शुरू कर देले बा।

रविवार के शाम गोरखनाथ मंदिर के दक्षिणी गेट पर पीएसी जवान गोपाल गौड़, अनिल पासवान पर धारधार हथियार से हमला करे वाला मुर्तजा अब्बासी सात दिन के पुलिस रिमांड पर बा। सिविल लाइंस के पार्क रोड निवासी मुनीर अब्बासी के पुत्र मुर्तजा के करतूत के आतंकी साजिश के हिस्सा मानकर शासन ने जांच एटीएस व एसटीएफ के सौंपले बा। हमलावर मुर्तजा के कौनो आतंकी संगठन से जुड़ल होखे के कई तरह के सबूत मिलल बा।

मुर्तजा पर गोरखपुर मंदिर सुरक्षा में लागल हेड कांस्टेबल गोरखनाथ थाना पर धार्मिक भावना उकसावे, सरकारी काम में बाधा समेत कई गंभीर धाराओं में दो केस दर्ज करवले बाड़े। एडीजी जोन अखिल कुमार बतवलन कि शासन के आदेश के बाद गोरखनाथ थाना में दर्ज दोनों केस मंगलवार के एटीएस के ट्रांसफर कर दीहल गईल बा । साथ ही हमलावर मुर्तजा के भी एटीएस के हवाले कर दीहल गईल बा। अब एटीएस मामले की तहकीकात करी।

सूत्र बता रहल बा कि इ मामला में सुराग हासिल करे के खातिर दर्जनभर टीम लागल बा। एक टीम मुर्तजा के बैंक खाता खंगाल रहल बा कि कहां-कहां और कितना लेनदेन भईल ताकि आतंकी संगठन से उसके लिंक के पता लगावल जा सके। एक टीम गाजीपुर भी गईल बा जे ओकर पूर्व पत्नी से पूछताछ करी। पूर्व पत्नी से ओकर करीबियों के बारे में भी जानकारी एकत्र कईल जाई । मुंबई में ओकर आवास, नौकरी स्थल के अलावा इलाज करे वाला डाक्टर से भी टीमें मुर्तजा के बारे में जानकारी जुटाई।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments