भारतीय क्रिकेट टीम के पूर्व कप्तान महेंद्र सिंह धोनी (Mahendra Singh Dhoni) के कृषि क्षेत्र में बढ़त रूझान के देखते झारखंड सरकार उनके बड़ी जिम्मेदारी देबे के तैयारी कर रहल बा. दरअसर झारखंड सरकार टीम इंडिया के पूर्व कप्तान महेंद्र सिंह धोनी (Mahendra Singh Dhoni) के कृषि के ब्रांड एम्बेसडर (Brand Ambassador) बनावे के तैयारी कर रहल बा. कृषि विभाग (Agriculture Department) के समीक्षा बैठक के दौरान विभागीय मंत्री अउर अधिकारि विचार करके ई फैसला लेले बाने. हालांकि महेंद्र सिंह धोनी के अभी एकर जानकारी ना देबल गयल बा. धोनी अगर राज्य सरकार के ए फैसले के स्वीकार कर लिहे त उ झारखंड में कृषि के ब्रांड एम्बेस्डर बन जईहें.
यह भी पड़ें: का एमएस धोनी क ई आखिरी आईपीएल, के होई CSK के उत्तराधिकारी? सामने आईल ई जानकारी
गुरुवार के भईल राज्य कृषि विभाग (Agriculture Department) के समीक्षा बैठक के बाद कृषि, पशुपालन एवं सहकारिता मंत्री बादल मीडिया के सवाल के जवाब में कहले कि देश का नाम दुनिया भर में रोशन करे वाले भारतीय क्रिकेट के पूर्व कप्तान महेंद्र सिंह धोनी कृषि, पशुपालन और कुक्कुट पालन में कदम बढ़ा के कृषि जगत के भी गौरवान्वित कईले बाने. जेकरे खातिर कृषि विभाग फैसला लेले बा कि उ महेंद्र सिंह धोनी के विभाग क ब्रांड एम्बेस्डर बनाई. उ बतईले कि विभाग के अधिकारी समय मिलते ही धोनी से मुलाकात कर उन्हें विभाग का ब्रांड एम्बेसडर बने के आग्रह करिहें.