Sunday, April 28, 2024
Homeराजनीतिका बंगाल चुनाव में दीदी के हार होई? मोदी में दिखेलें भगवान,...

का बंगाल चुनाव में दीदी के हार होई? मोदी में दिखेलें भगवान, का कहले ममता के रणनीतिकार PK

Bengal Election: बंगाल चुनाव (Bengal Election) में आज चौथे चरण के वोटिंग जारी बा, एही बीच ममता बनर्जी के चुनावी रणनीतिकार के एक ऑडियो सामने आईल बा जेमन उ तृणमूल के खिलाफ एंटी इनकंबेंसी के बात करत सुनाई पड़ रहल बाने। साथ ही उ बंगाल में ममता बनर्जी अउर पीएम मोदी दोनों के बराबर लोकप्रिय मान रहल बाने। हालांकि इ ऑडियो पर प्रशांत किशोर के जवाब भी आ गयल बा।

बीजेपी के ओर से क्लब हाउस के चैट के ट्वीट कयल गयल बा। जेमन ममता के चुनावी रणनीतिकार प्रशांत किशोर के ई कहत सुनल जा सकल जाला कि तृणमूल कांग्रेस के खिलाफ एंटी इनकंबेंसी बा। साथ ही बंगाल में पीएम मोदी के लेके क्रेज बा। दलित वोट भी बीजेपी के ओर शिफ्ट हो रहल बा। बीजेपी आईटी सेल के प्रमुख अमित मालवीय ए क्लब हाउस के चैट के ट्वीट कईले बाने।

पीएम मोदी के खिलाफ एंटी इनकंबेंसी क्यों नहीं
एक सवाल पूछल गयल कि एंटी इनकंबेंसी के जहां तक सवाल बा त पीएम मोदी के खिलाफ काहे ना बा। एकरे जवाब में प्रशांत किशोर के कहत सुनल जा सकेला कि 15 प्रतिशत से 30 प्रतिशत एईसन लोग बाने जिनके मोदी में भगवान दीखेले। अभी हम सर्वे करत बानी ओमान मोदी और ममता बनर्जी को बराबर लोकप्रिय बतावल जा रहल बा।

यह भी पड़े: पश्चिम बंगाल चुनाव: भाजपा मजदूर के पत्नी के बनईलस उम्मीदवार, 31,985 रुपये के कुल संपत्ति बा

उहे क्लब हाउस के इ ऑडियो चैट पर प्रशांत किशोर के बयान सामने आईल बा। प्रशांत किशोर के कहना बा की हमके खुशी बा कि बीजेपी के लोगन के अपने नेता के बयान से ज्यादा हमारे क्लब हाउस चैट के गंभीरता से ले रहल बाने। प्रशांत किशोर कहलें कि क्लब हाउस के पूरा बातचीत के रिलीज करे। बीजेपी के ओर से जवन चैट रिलीज कयल गयल बा बातचीत के सिर्फ एक हिस्सा बा।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments