Monday, April 29, 2024
Homeस्पोर्ट्सधोनी के उत्‍तराधिकारी क नाम आयल सामने, दिग्‍गज कहलें की धोनी तो...

धोनी के उत्‍तराधिकारी क नाम आयल सामने, दिग्‍गज कहलें की धोनी तो बस…

IPL: महेंद्र सिंह धोनी (Mahendra Singh Dhoni) पिछले साल ही अंतरराष्‍ट्रीय क्रिकेट के अलविदा कह चुकल बाने. हालांकि इंडियन प्रीमियर लीग (IPL) में उ अब भी चेन्‍नई सुपरकिंग्‍स (Chennai Superkings) के कप्‍तानी करते नजर आ रहल बाने. बेशक फ्रेंचाइजी ई साफ कर देले बा कि धोनी अगले साल होखे वाले आईपीएल (IPL) में भी चेन्‍नई के टीम के हिस्‍सा रहिहें, लेकिन माही बल्‍ला से उ धमाल ना मचा पा रहल बाने जेकरे खातिर उ जानल जाने. इहे वजह बा कि सवाल ई भी खड़ा तो होला ही कि आखिर Dhoni के बाद चेन्‍नई सुपरकिंग्‍स टीम के कमान केकरे हाथ में जाई. वईसे त टीम में एकर कई दावेदार बाने, लेकिन इंग्‍लैंड के पूर्व कप्‍तान माइकल वॉन (Michael Vaughan) जउने खिलाड़ी के धोनी क दावेदार बतैले बाने उ सीएसके के सबसे फिट खिलाड़ी बाने.

दरअसल, माइकल वॉन रवींद्र जडेजा (Ravindra Jadeja) के एमएस धोनी के कप्‍तानी क उत्‍तराधिकारी बतउले बाने. जडेजा अर्धशतक लगइले के बाद अपने तलवारबाजी के एक्‍शन के खातिर भी जानल जाने. राजस्‍थान रॉयल्‍स के खिलाफ सीएसके के मिलल जीत में जडेजा क योगदान काफी अहम रहे. एके लेके माइकल वॉन कहलें, धोनी तो बस दो-तीन साल और खेलिहें. अईसन में आपके ई सोचल शुरू करे के चाहि कि आगे टीम कउने खिलाड़ी के इर्द-गिर्द बुनल जाई.

एके भी पड़ीं: का एमएस धोनी क ई आखिरी आईपीएल, के होई CSK के उत्तराधिकारी? सामने आईल ई जानकारी

जडेजा पूरी तरह तैयार

माइकल वॉन ने कहले, ‘मेरे लिए वो खिलाड़ी रवींद्र जडेजा हैं. जडेजा बल्‍ले और गेंद से शानदार प्रदर्शन करते हैं और फील्डिंग में सबकुछ झोंक देते हैं. इसके अलावा वो मानसिक रूप से भी काफी अच्‍छे हैं. उनका नजरिया बेहतरीन है’. वॉन के अनुसार, जडेजा शीर्ष चार में भी बल्‍लेबाजी कर सकेलें अउर विरोधी टीम के स्थिति के देखते हुए गेंदबाजी में भी आगाज कर सकेलें. उ एकरे खातिर पूरी तरह तैयार बाने. हालांकि इंग्‍लैंड के ऑलराउंडर सैम करन भी सीएसके से जुड़ले के बाद से चेन्‍नई के लिए अच्‍छा प्रदर्शन कईले बाने. उनके बारे में वॉन कहले , कप्‍तानी के जिम्‍मेदारी संभाले के लिए सैम अभी काफी युवा बाने. ए तरह के मानसिक मजबूती के लिए उ अभी तैयार ना बाने. हो सकेला कि आवे वाले 4-5 सालों में उ एकरे दावेदारी में शामिल हो जाएं.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments