Friday, May 10, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणनासिक के अस्पताल में ऑक्सीजन टैंक लीक, अब तक 22 लोग के...

नासिक के अस्पताल में ऑक्सीजन टैंक लीक, अब तक 22 लोग के मौत

भारत में कोरोना वायरस (Coronavirus) के दूसरी लहर जारी बा हर दिन कोविड-19 के नया रिकॉर्ड सामने आ रहल बा. ए कारण कई राज्य में ऑक्सीजन के किल्लत बा अ ए बीच महाराष्ट्र के नासिक के एक अस्पताल में बड़ा हादसा हो गईल जाकिर हुसैन अस्पताल में ऑक्सीजन टैंक लीक (Oxygen leak from Tank) हो गयल.

हादसे में अब तक 22 लोगन के मौत
नासिक के इस घटना की जानकारी देते हुए महाराष्ट्र के स्वास्थ्य मंत्री राजेश टोपे (Rajesh Tope) बताइलें, ‘ऑक्सीजन लीक हादसे में अब तक 22 लोगन के जान गईल बा, जबकि कई लोगों के हालत गंभीर बतावल जा रहल बा.’ उ कहलें कि जाकिर हुसैन अस्पताल में ऑक्सीजन के कमी के चलते मरीजों के मौत भाईल, ई सब मरीज़ वेंटिलेटर पर रहलें.

फायर ब्रिगेड कईलस हालात पर काबू
नासिक के जाकिर हुसैन अस्पताल (Zakir Husain Hospital) में ऑक्सीजन टैंक लीक भईले के बाद पूरे इलाके में ऑक्सीजन गैस फैल गईल. रेस्क्यू के खातिर फायर ब्रिगेड के टीम के आवे के पड़ल तब हालात पर काबू पावल गयल.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments