Thursday, May 2, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणनौकरशाहयूपी में 12 IPS अफसरन के भइल तबादला, कानपुर और आगरा रेंज...

यूपी में 12 IPS अफसरन के भइल तबादला, कानपुर और आगरा रेंज के IG हटलें

न्यूज़ डेस्क: लखनऊ

उत्तर प्रदेश में विधानसभा चुनाव से पहले पुलिस विभाग में तबादलन के सिलसिला शुरू हो गइल बा। लंबे समय से जिलन में तैनात अधिकारियन और कर्मचारियन के नई तैनाती दिहल जात बा। बुधवार के 12 आइपीएस अधिकारियन के तबादले भइल। एमे कानपुर और आगरा रेंज के चार पुलिस महानिरीक्षक (आइजी) सहित आठ सेनानायक शामिल बाने ।

जारी की गई तबादला सूची के अनुसार कानपुर के पुलिस महानिरीक्षक मोहित अग्रवाल के  पुलिस महानिरीक्षक टेक्निकल सर्विसेस बनाकर लखनऊ भेजल गइल बा । 

प्रतीक्षारत प्रशांत कुमार के कानपुर का नया पुलिस महानिरीक्षक बनाइल गइल बा । इसी प्रकार प्रतीक्षारत नचिकेता झा को आगरा के पुलिस महानिरीक्षक जबकि आगरा के पुलिस महानिरीक्षक नवीन अरोड़ा के पुलिस महानिरीक्षक बजट बनाकर  लखनऊ भेजल गइल बा।

योगेश सिंह के सेनानायक 47वीं वाहिनी पीएससी गाजियाबाद के पद से ट्रांसफर कर सेनानायक 25वीं वाहिनी पीएससी रायबरेली भेजल गइल बा । डॉ. अरविंद भूषण पांडेय के  सेनानायक 25वीं वाहिनी पीएससी रायबरेली से एसपी टेक्निकल सर्विसेज लखनऊ ट्रांसफर करल गइल बा । संजय सिंह के  सेनानायक 45वीं वाहिनी पीएससी अलीगढ़ के पद से ट्रांसफर कर सेनानायक द्वितीय वाहिनी पीएससी सीतापुर के पद भेजल गइल बा।

कल्‍पना सक्‍सेना के सेनानायक 49वीं वाहिनी पीएसी गौतमबुद्धनगर से सेनानायक 47वीं वाहिनी पीएससी गाजियाबाद के पद पर भेजल गइल बा। राहुल यादुवेंदु के सेनानायक द्वितीय वाहिनी पीएससी सीतापुर के पद से पुलिस अधीक्षक मुख्‍यालय पुलिस महानिदेशक लखनऊ के पद पर भेजल गइल बा। राजेश कुमार सक्‍सेना के सेनानायक 8वीं वाहिनी पीएससी बरेली, भारती सिंह के सेनानायक 49वीं वाहिनी पीएसी, गौतमबुद्धनगर और विकास कुमार वैद्य के सेनानायक 37वीं वाहिनी पीएसी कानपुर नगर के पद पर भेजल गइल बा

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments