Wednesday, May 1, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणभारत कइलस 5000 किमी तक दुश्मन के सफाया करे वाली अग्नि-5...

भारत कइलस 5000 किमी तक दुश्मन के सफाया करे वाली अग्नि-5 मिसाइल के सफल परीक्षण

न्यूज़ डेस्क : नई दिल्ली
भारतीय सेना के ताकत और बढ़ गइल बा। अब सतह से सतह पर हमला करे वाली बैलिस्टिक मिसाइल अग्नि 5 के बुधवार के सफल परीक्षण करल गइल। इ मिसाइल के रेंज तकरीबन 5 हजार किलोमीटर बताइल जात बा। इ मिसाइल के डॉ. एपीजे अब्दुल कलाम द्वीप से लॉन्च करल गइल।

इ सबके बीच सरकार इ स्पष्ट कइलस कि उनकर नीति उहे रही कि कउनो हथियार के पहले इस्तेमाल ना करल जाई । मिसाइल के शाम 7 बजकर 50 मिनट पर लॉन्च करल गइल । अग्नि-5 के पहला टेस्ट अप्रैल 2012 में भइल रहल। सितंबर 2013 में दूसरा, जनवरी 2015 में तीसरा और दिसंबर 2016 में चौथा प्रक्षेपण करल गइल रहल । दिसंबर 2018 तक एकर सात टेस्ट करलग गइल । इ परीक्षणन के दौरान मिसाइल के अलग-अलग तरह के लॉन्चिंग पैड से दागल गइल । ओके अलग-अलग ट्रैजेक्टरी पर प्रक्षेपित कर परखल गइल । सभी तरह के टेस्ट में अग्नि-5 खरी उतरल । एकरा के चलत ट्रक तक से भी दागल जा सकेला ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments