चक्रवाती तूफान फानी के चलते ईस्ट कोस्ट रेलवे ने ओडिशा में 103 ट्रेनों को रद्द कई दिहले बा . भीषण चक्रवाती तूफान के वजह से यात्रियन के सुरक्षा के ध्यान में रखते हुए ट्रनन के रद्द कईला के निर्णय लिहल गईल बा |
चक्रवाती तूफान फानी के शुक्रवार के ओडिशा के पुरी में दस्तक दिहला के पूरा आशंका बा | जेकरा नाते सुररक्षा बल के हाई अलर्ट पर रराखल गईल बा | एकरे अलावा तटीय जिला में रहे वालन के सुरक्षित स्थान पर पहुचावल जाता . नौसेना, भारतीय वायुसेना, तटरक्षक बल और NDRF के कउनो भी से निपटे खातिर हाईअलर्ट पर राखल गइल बा .
ओडिशा के भद्रक और आंध्र प्रदेश के विजयनगरम के बीच रेलवे सेवा के कुछ दिन खातिर रोक दिहल बा | ईस्ट कोस्ट एक्सप्रेस अउर कोरोमंडल एक्सप्रेस 2 मई को हावड़ा से नाई चली . एकरे अलावा हावड़ा से पुरी के लिए जाये वाली ट्रेनें भी रद्द कई दिहल बा |