चुनाव आयोग ने आचार संहिता उल्लंघन के आरोप में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के 8वीं बार क्लीनचिट दिहले बा। कांग्रेस ने पूर्व प्रधानमंत्री राजीव गांधी के भ्रष्टाचारी नंबर-1 कहले पर चुनाव आयोग से नरेंद्र मोदी के शिकायत कईले रहले। चुनाव आयोग ने एह बयान के आचार संहिता के उल्लंघन नाही मानले बा । कांग्रेस अभिन तक मोदी और अमित शाह के खिलाफ 9 शिकायतें दर्ज करा चुकल बा |
दूसरी ओर, राजीव गाँधी पर टिप्पणी के लेके दिल्ली विश्वविद्यालय (डीयू) के अध्यापक दो पक्षो में बट गईल बाने। एक पक्ष के 200 से ज्यादा अध्यापक ने आलोचना पत्र में नरेंद्र मोदी के बयान के झूठा और अपमानजनक बतउले । ओहि दूसरा पक्ष नरेंद्र मोदी के पक्ष में बाने । करीब 125 अध्यापक ने राजीव गाँधी के भ्रष्ट प्रधानमंत्री मनले बाने । एहसे पहिले नरेंद्र मोदी के वर्धा और लातूर में दिहल गईल बयान के आयोग ने पिछले दिन में क्लीनचिट दे दिहले ।