महाराष्ट्र में पिछले 24 घंटे में भयानक बारिश के कारण 14 लोगन के मौत हो गइल . रविवार से हो रहल भारी बारिश के कारण मुंबई में रेल, वायु और सड़क यातायात भी बुरी तरह प्रभावित बा . कई ट्रेनन और विमानन के रद्द करे के पड़ल . मौसम विभाग के भारी बारिश के पूर्वानुमान के बाद सरकार मंगलवार को सार्वजनिक अवकाश घोषित कर देहलस .
महाराष्ट्र के रत्नागिरी में तिवारे बांध टूटने के कारण बाढ़ जइसन हालात बन गइल बा . 19 लोग लापता बाने . 14 मकान पानी में बह गएल बाने . सात से ज्यादा गाव बाढ़ के चपेट में आ गइल बाने . राहत एवं बचाव कार्य खातिर एनडीआरएफ की टीम पुहंच गइल बिया . मूसलाधार बारिश के कारन मुम्बई में आम जनजीवन बुरी तरह प्रभावित भइल बा .