देश के जन्नत कहे जाए वाला जम्मूू-कश्मीर अउर लद्दाख आज से केंद्र शासित प्रदेश बन गईल बाने। भारत सरकार के द्वारा 5 अगस्त के अनुच्छेद 370 के ताकतन के निष्क्रिय कईला के बाद आज यानी 31 अक्टूबर से जम्मू-कश्मीर अउर लद्दाख दो अलग राज्य बन गईल बाने।
एही के साथ राज्य में संसद के बने कई कानून लागू हो सकिहे। इसके तहत जम्मू-कश्मीर में विधानसभा होइ अउर लद्दाख केंद्र शासित प्रदेश हवे। आज लौह पुरुष सरदार वल्लभ भाई पटेल के जयंती हवे जिनकर जम्मू-कश्मीर के भारत में सम्मलित कराने में अहम किरदार रहल । आजादी के वक्त 565 रियासतन के एक सूत्र में पिरोकर एक मजबूत भारत बनावे वाले लौह पुरुष सरदार पटेल के जन्मदिन पर जम्मू-कश्मीर के पुर्नजन्म ऐतिहासिक हवे।