Sunday, May 19, 2024
Homeटॉप स्टोरीस्‍कूल बस में छात्र के मौत पर सीएम योगी के ऐक्‍शन, स्‍कूलों...

स्‍कूल बस में छात्र के मौत पर सीएम योगी के ऐक्‍शन, स्‍कूलों के रोड सेफ्टी क्‍लब बनावे के दिहले आदेश

गाजियाबाद में स्‍कूल बस में छात्र के मौत के लेकर सीएम योगी आदित्‍यनाथ स्‍कूलों के ‘रोड सेफ्टी क्‍लब’ बनावे के निर्देश दिहले। ई क्‍लब प्रदेश के सभी सेकेंडरी और हॉयर सेकेंडरी शैक्षणिक संस्‍थान में बनावल जाई। उ कहले, ‘प्रदेश में सड़क दुर्घटनाओं में होखे वाला मौत में कमी लावे के खातिर बड़े स्‍तर पर काम करे के आवश्‍यकता बा।’ उ जिम्‍मेदार के प्राथमिकता के आधार रोड सेफ्टी क्‍लब बनावे के निर्देश दिहले। सीएम इ निर्देश लखनऊ में एक बैठक के दौरान विभिन्‍न विभागों के प्रजेंटेंशन के देखे के बाद दिहले।

महिलाओं के सुरक्षा के खातिर बस में लागी ‘पैनिक बटन’
मुख्‍यमंत्री महिलाओं के सुरक्षा के खातिर यूपी रोडवेज के बस में ‘पैनिक बटन’ लगावे के भी निर्देश दिहले। मुख्‍यमंत्री अधिकारियों के रोडवेज बसों के जरिए पार्सल और कूरियर सर्विस शुरू करे के भी निर्देश दिहले। उ कहले कि पिछले पांच वर्ष में प्रदेश के 26 हजार से ज्‍यादा गांव के यूपी रोडवेज के बसों से जोड़ल गईल बा। अब हर गांव के ऐसे जुड़े के खातिर काम करे के आवश्‍यकता बा। 

रोडवेज के बेड़े में शामिल होंई 2 हजार अनुबंधित बसें 
सीएम योगी यूपी रोडवेज के आपन बेड़े में 2 हजार अनुबंधित बसों के शामिल करे के भी निर्देश दिहन। एकरे साथ ही भविष्‍य में 5 हजार नई बस के शामिल कर बेड़े के विस्‍तार के योजना के आगे बढ़ावे के भी निर्देश दिहले। सीएम ने अधिकारियों को अगले छह महीने के अंदर बुंदेलखंड और पूर्वांचल की सभी बड़ी नदियों की मिनरल मैपिंग करे और जिला सर्वेक्षण रिपोर्ट में नए खनन क्षेत्रों के शामिल करे के भी निर्देश दिहले। 

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments