Saturday, May 18, 2024
Homeटॉप स्टोरीशिवपाल के बीजेपी के हरी झंडी के बा इंतजार भतीजा अखिलेश भी...

शिवपाल के बीजेपी के हरी झंडी के बा इंतजार भतीजा अखिलेश भी पकड़ले अलग राह

अखिलेश यादव और शिवपाल के नए रुख से दूनों के राह जुदा होत नजर आ रहल बा। अइसन लागत बा कि सपा नइखे चाहत कि शिवपाल यादव पार्टी में बनल रहें और शिवपाल भी इहां से बाहर निकले के वजह ढूंढ रहल बाड़े। उनका खातिर सबसे मुफीद इहे बा कि सपा उनके निष्कासित कर दे।

शिवपाल गुरुवार के सपा मुखिया पर पलटवार कर आपन इरादा जता दिहले। उ खुद पार्टी छोड़े के मूड में नइखन। ओसे उनकर विधायकी पर संकट आ सकत बा। एही खातिर उ खुद ही कह दिहले कि सपा चाहे त उनके निकाल दे। सपा इ कदम उठावे से बचल चाहत बा। अगर पार्टी से निकाला तो शिवपाल यादव परिवार व समर्थकों के बीच सहानुभूति पाएंगे। असल में सपा पिछली विधानसभा में भी शिवपाल यादव के सदस्यता खत्म करने के खातिर विधानसभा अध्यक्ष के चिट्ठी भेजले रहे। बाद में वह पत्र उ वापस ले लिहले। लागल चाचा भतीजा अब करीब आ गईल बाड़े। चुनाव में करीब आए भी। शिवपाल सपा विधायक हो गईले बाकि ई वक्ती समझौता साबित भईल। नतीजे आते ही बिखरे लागल।

भाजपा के हरी झंडी के बाद पत्ते खोलिहे शिवपाल
जहां तक शिवपाल के भाजपा में जाए के सवाल बा, उस पर निर्णय भाजपा के करे के बा। उहां से हरी झंडी मिले पर ही उ आपन पत्ता खोलिहे। ऐह बीच उ आजम खां से भी सहानुभूति जता रहल बाड़े। अपर्णा यादव के जाऐ के बाद अब अगर शिवपाल यादव भाजपा में शामिल हो जयिहे त इ सपा के खातिर मुश्किल हो सकत बा।

मैं भाजपा के साथ तो सपा से निकाल दें
अखिलेश यादव व शिवपाल के बीच चल रहल शीतयुद्ध अब आरोप- प्रत्यारोप में बदले लागल बा। आपन भतीजा व सपा अध्यक्ष अखिलेश यादव के बयान को गैरजिम्मेदराना बतावत हुए शिवपाल कहा कि उ त सपा के 111 विधायकों में से एक विधायक बाड़े। अगर हम भाजपा के साथ बानी त उ हमके सपा से शीघ्र निकाल देस।

शिवपाल यादव गुरुवार के लखनऊ में एक टीवी चैनल से बातचीत में ई बात कहले। अखिलेश बुधवार के आगरा में शिवपाल यादव के नाम लिहले बिना कहले रहले जे भाजपा के साथ दिखी उ सपा के साथ ना रही। असल में शिवपाल यादव के भाजपा के साथ जाऐ के चर्चा दिन पर दिन जोर पकड़ रहल बा। उहे बात पर अखिलेश यादव ई बात कहले रहले। शिवपाल कहले कि ई उनकर गैरजिम्मेदाराना बयान बा। हम सपा के साइकिल से चुनाव लड़ले रही। अब उ जल्द निर्णय लें और हमके निकाल दें। आपन पार्टी प्रसपा के फिर से खड़ा करे के संकेत देते हुए कहले कि चुनाव के बाद हर पार्टी में समीक्षा व पुनर्गठन का काम होला। ई काम उनकी पार्टी में भी हो रहल बा। जल्द अब प्रसपा व उसके संगठन के नया रुप दिहन। भाजपा के जाऐ के बारे में पूछे जाने पर शिवपाल यादव सीधा जवाब ना दिहले कहले कि भाजपा जाऐ के बारे में कौनो निर्णय नइखन लिहले। जब उचित समय आई त बता दिहन।

सपा के सहयोगी दल सुभासपा अध्यक्ष ओम प्रकाश राजभर के बयान के बाबत शिवपाल कहले कि उनकर फोन आईल रहे, बाकि उपरोक्त मुद़्दों पर कौनो बात नइखे भईल। हो सकत बा कि केहू और शिवपाल यादव नाम के व्यक्ति से उनकर इ मुद्दा पर बात भईल होई। आजम खां से मुलाकात के बाबत शिवपाल कहले कि राजनीति में शिष्टाचार भेंट होत रहेला। हम उनसे मिले के खातिर जाएब। उनकर परिवार हमार संपर्क में बा।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments