Friday, May 17, 2024
Homeटॉप स्टोरीDC vs RR: ऋषभ पंत नो-बॉल विवाद पर कहले- थर्ड अंपायर के...

DC vs RR: ऋषभ पंत नो-बॉल विवाद पर कहले- थर्ड अंपायर के गेंद चेक करे के चाहि 

आईपीएल 2022 में दिल्ली कैपिटल्स के राजस्थान रॉयल्स के खिलाफ विवादस्पद मुकाबला में 15 रन से हार के सामना करे के पड़ल। इ मुकाबला अंतिम ओवर में नो-बॉल के लेकर विवाद में रहल। कप्तान ऋषभ पंत भी खेल भावना के जमकर धज्जियां उड़वले और आपन खिलाड़ियों के मैदान छोड़े तक के खातिर कहले। पंत के इ फैसला के हर जगह आलोचना हो रहल बा साथ ही उ नो बॉल पर भी विवाद खड़ा हो गईल बा। हालांकि अब पंत ओह पर सफाई दीहले बाड़े और कहले कि तीसर अंपायर के या केहू के भी उ नो गेंद के चेक करे के चाहत रहल ह।

दिल्ली के आखिरी ओवर में 36 रनों के दरकार रहल। रोवमैन पॉवेल ने मेकॉय के पहली दो गेंद पर छक्के जड़ मैच में रोमांच भर दिहले। तीसरी गेंद मेकॉय यॉर्कर डालल चाहत रहले, मगर वह फुलटॉस पड़ गईल और पॉवेल एह पर भी लंबा छक्का जड़ दिहले। इ गेंद कमर के आस-पास रहल, मगर लेग अंपायर एके नो बॉल ना दिहले।

एकरी बाद ऋषभ पंत समेत दिल्ली कैपिटल्स के पूरा खेमा नो बॉल के मांग करे लागल। जब अंपायर उनकर एक ना सुनले त पंत आपन आपा खो दिहले और खेल भावना के धज्जियां उड़त आपन बल्लेबाजन के पवेलियन आवे के कह दिहले। हालांकि कौनो बल्लेबाज मैदान छोड़कर ना गईले मगर पंत के इ रवैये के हर केहू आलोचना कर रहल बा और इ खेल भावना के विपरीत बता रहल बा। 

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments