Tuesday, May 21, 2024
Homeमनोरंजनऐश्वर्या- आराध्या भइलीं अस्पताल से डिस्चार्ज

ऐश्वर्या- आराध्या भइलीं अस्पताल से डिस्चार्ज

न्यूज़ डेस्क: मुंबई

बच्चन परिवार के बहू और एक्ट्रेस ऐश्वर्या राय बच्चन और उनकी बेटी आराध्या बच्चन कोरोना निगेटिव हो गइल बानी . अभिषेक बच्चन इ खबर सोशल मीडिया पर शेयर कइलें . ऐश्वर्या और आराध्या के नानावटी अस्पताल से डिस्चार्ज कर दिहल गइल बा . कोरोना पॉजिटिव पाए जावे के 5 दिन बाद ऐश्वर्या और आराध्या नानावटी अस्पताल में भर्ती कराइल गइल रहल . उनके 10 दिन अस्पताल में बितावे के बाद डिस्चार्ज कर दिहल गइल बा .

अभिषेक बच्चन ट्वीट करके बतइने की – आप सभी की लगातार दुआओं और शुभकामनाओं का शुक्रिया. मैं हमेशा इसका ऋणी रहूंगा. ऐश्वर्या और आराध्या कोरोना निगेटिव हो चुके हैं और अस्पताल से डिस्चार्ज कर दिए गए हैं. वे अब घर पर ही रहेंगे. मेरे पिता और मैं, मेडिकल स्टाफ की निगरानी में अस्पताल में ही रहेंगे.

महानायक अमिताभ बच्चन और अभिषेक बच्चन अब भी नानावती अस्पताल में भर्ती बाने . लेकिन परिवार के दो सदस्यन के ठीक होवे की खबर अमिताभ बच्चन के इतना भावुक कर दिहलस कि उ भगवान का शुक्रिया अदा करे के साथ खुशी से रो पड़लें . उ सोशल मीडिया पर अपने दिल के हाल बयां कइलें  

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments