Sunday, April 28, 2024
Homeमनोरंजनकथा कहानीभोजपुरी फिल्म 'मायावी'में आदित्य अजय ओझा के एंट्री, श्वेता माहरा- सबा खान...

भोजपुरी फिल्म ‘मायावी’में आदित्य अजय ओझा के एंट्री, श्वेता माहरा- सबा खान संग बनी जोड़ी

हाल ही में वर्ल्डवाइड रिकार्ड्स अभिनेत्री श्वेता महारा, सबा खान और माही श्रीवास्तव के लेकर एक फिल्म के घोषणा भईल रहे। अब निर्माता रत्नाकर कुमार फिल्म के नाम के जानकारी के साथ साथ ऐमें कौन अभिनेता के कास्ट कईले बाड़े। एकर भी खुलासा कर दिहल गईल बा। भोजपुरी फिल्म ‘मायावी’ में अभिनेता आदित्य अजय ओझा के साइन कईल गईल बा, एकर निर्देशन विष्णु शंकर बेलू करे जा रहल बाड़े। फिल्म के सह निर्माता कुलदीप श्रीवास्तव तथा कार्यकारी निर्माता इमरोज़ अख्तर मुन्ना बाड़े। मायावी के शूटिंग जून महीने से शुरू होखे जा रहल बा।

अलग जॉनर के है फिल्म
फ़िल्म के लेकर निर्माता रत्नाकर कुमार कहले कि ‘मायावी’ एगो अलग जॉनर के फ़िल्म होखे वाला बा। एकर पटकथा बेहद शानदार होखे वाला बा। फिल्‍म के कहानी से संवाद और गाना लोगन के खूब पसंद आवे वाला बा। हम लोग इ फिल्‍म के निर्माण भव्‍य पैमाना पर करे जा रहल बानी जा। ऐमें हमनी के भोजपुरी जगत के तीन बेहतरीन अभिनेत्रियों के साइन कईले बानी जा। जे आपन अभिनय से सभी भोजपुरिया दर्शकों के दिल जीत लिहें। 

का बोलले निर्देशक विष्णु शंकर
निर्देशक विष्णु शंकर वेलु बतवले कि फिल्‍म में आदित्य अजय ओझा के साथ इंडस्‍ट्री के और भी कई मशहूर चेहरा हमार टीम में शामिल होखे वाला बा। इ फिल्‍म बेहद इंटरटेनिंग होई। एकरी खातिर हमनी के पूरा तैयारी कर लिहले बानी जा। बांकी चीजों पर काम चल रहल बा। दर्शकों के मायावी के कहानी जरूर पसंद आई। आपके मायावी शब्द सुनकर अइसन लागत होई कि इ फिल्म कौनो दैत्य और दानव पर आधारित होई लेकिन अइसन कुछ नइखे। हम कहानी के खुलासा ना क्र सकेनी बाकी एकर जानकारी जल्द ही सांझा कईल जाई।

का बोलले आदित्य ओझा
इ मौका पर अभिनेता आदित्य ओझा कहले कि हमके खुशी हो रहल बा कि रत्नाकर कुमार सर हमके मायावी से जोड़ले। एकरी खातिर उनकर हम तहेदिल से धन्यवाद करत बानी। फ़िल्म के लेकर त हम ज्यादा कुछ ना कह सकीना लेकिन ऐतना बा कि इ फिल्म एक उच्च स्तर के होई। जब इ फिल्म सिनेमाघर में रिलीज होई त बॉक्स ऑफिस पर धमाल मचा देई।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments