Saturday, May 18, 2024
Homeमनोरंजनबालीवुड के एक सितारा जेकर बचपन संघर्ष से भरल रहल आज बा...

बालीवुड के एक सितारा जेकर बचपन संघर्ष से भरल रहल आज बा उनकर जन्मदिन : अरशद वारसी

न्यूज़ डेस्क : मुम्बई

आज बालीवुड के एगो  चमकता सितारा के जन्मदिन बा जेकर बचपन संघर्ष से भरल रहल , उनकर नाम बा अरशद वारसी, अबहीं  कुछ दिन पहिले इनकर  एगो वेब सीरीज असुर –  वूट (voot)   पर लांच भइल बा , इ वेब  सीरीज  अब तक के सबसे ज्यादा देखल गइल  वेब सीरीजन में से एक बा  , IMDB में एकर रेटिंग 8.8 बा ,

वूट सेलेक्ट पर रिलीज भइल  इ वेब सीरीज में अरशद वारसी के साथ एक्टर बरुन सोबती, अनुप्रिया गोइंका, शारीब हाशमी मुख्य भूमिकाओं में बाने । इ  सीरीज के  निर्देशन ओनी सेन केइलें  बाने । इ वेब सीरीज में साइंस और माइथोलॉजी के मिलाकर एक सस्पेंस थ्रिलर कहानी दिखाइल गइल बा जेके जरुर देखे के चाहीं ,आज के समय में एतना साफ सुथरा, गाली और सेक्स सीन के बिना भी रोचक वेब सिरीज बनाइल जा सकेला,  एकर सारा क्रेडिट राइटर  गौरव शुक्ला के  जाला । इ  कहानी साइंस और धर्म के बीच के संबंध बतावेले ।

अरशद  वारसी के जन्म 19 अप्रैल 1961 को मुंबई में भइल रहल । उनकर  पिता के  हड्डी के कैंसर से मृत्यु भइले  के 2 साल के भीतर उनकर माँ भी गुजर गइली  ।  पैसा की कमी के कारण उनके स्कूल छोड़े खातिर  कहल गइल । 17 साल के  उम्र में,  आपन  बुनियादी जरूरतन के पूरा करे खातिर  मेकअप  के सामान बेचल शुरू कइने । ओकरा बाद  अकबर सामी डांस ग्रुप  में शामिल हो गइलें । 1987 में, उनके  ठिकाना और काश फिल्मन खातिर  कोरियोग्राफी  करेके मौक़ा मिलल । 1992 में, अरशद  लंदन में वर्ल्ड डांस चैंपियनशिप जितने ओकरा  बाद आपन  डांस ग्रुप बनावे  के साथ-साथ अपना डांस एकडेमी “Awesome”भी बनइलने ।

अमिताभ बच्चन की प्रोडक्शन कंपनी, अमिताभ बच्चन कॉरपोरेशन के पहली प्रोडक्शन “अब तेरे मेरे सपने”  में अभिनय करे  के पहला प्रस्ताव मिलल  इहाँ  से इनकर  फिल्मी करियर के शुरुवात भइल ।  ओकरा बाद इ मुड़कर पीछे ना देखलें ,  मेरे दो अनमोल रतन , हीरो हिंदुस्तानी ,त्रिशक्ति, मुन्ना भाई एम बी बी एस ,हलचल , सलाम नमस्ते,शहर  ,काबुल एक्सप्रेस,गोलमाल ,लगे रहो मुन्ना भाई ,धमाल ,इश्किया,डबल धमाल ,लव बे्कअप जिंदगी,जिला गाजियाबाद ,गोलमाल अगेन , द लीजेंड ऑफ़ माइकल मिश्रा ,गुड्डू रंगीला ,डेढ़ इश्किया , जॉली एलएलबी   जइसन  बेहतरीन  फिल्मन में काम कइलें ।

आपके चाहे वाला दर्शकन और भोजपुरी लाइव्  के पूरी टीम के तरफ से आप के जन्मदिन के ढेर सारा शुभकामनायें ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments