Monday, May 20, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणलुधियाना में कोरोना से एसीपी अनिल कोहली के भइल मौत

लुधियाना में कोरोना से एसीपी अनिल कोहली के भइल मौत

न्यूज़ डेस्क : पंजाब

लुधियाना में शनिवार को कोरोना संक्रमित 52 साल के असिस्टेंट कमिश्नर अनिल कोहली के  मौत हो गईल । उ  6 अप्रैल से हॉस्पिटल में एडमिट रहलें । कुछ दिन पहले हालत गंभीर होने पर उनके  वेंटिलेटर पे रखल गइल रहल । शनिवार के उनकर इलाज  प्लाजमा तकनीकी से करल जाये वाला रहल ।  कोराेना संक्रमण से इ  पंजाब  में 16वीं मौत बिया ।

एसीपी कोहली में संक्रमण के लक्षण देदिखे पर  9 अप्रैल के  उनकर  टेस्ट भइल  रहल ।ओ समय  रिपोर्ट निगेटिव आईल रहल । हालत में सुधार ना होवे पर उनकर दूसरा सैंपल लिहल गइल ।जब  13 अप्रैल के रिपोर्ट आईल त ओमे कोरोना के  पुष्टि भइल । उनके संक्रमण कइ से भइलइ अबहीन तक पता न चल सकल  बा । संपर्क में आवे वाला चार लोग  जेमे उनकर पत्नी, ड्राइवर , एक महिला सब इंस्पेक्टर और उनकर  ड्राइवर  शामिल बा भी पॉजिटिव पाइल गइल बा ।

पंजाब के मुख्यमंत्री कैप्टन अमरिंदर सिंह कहने कि  एसीपी अनिल कोहली और कानूनगो गुरमेल सिंह  जिनकर मौत कोरोना   से भइलबा उनकर परिवार के  50-50 लाख रुपए के सरकार  मदद करी । काहें कि  सरकार कहले बिया कि कोरोना ड्यूटी के दौरान केहू अफसर या कर्मचारी के  संक्रमण से अगर  मौत होई  त ओकरा  परिवार के 50 लाख का मुआवजा मिली ।

 

Image credit: Google

 

 

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments