Saturday, May 18, 2024
Homeटॉप स्टोरीआजम खान जेल से ही इशारों में अखिलेश यादव पर सधले निशाना

आजम खान जेल से ही इशारों में अखिलेश यादव पर सधले निशाना

समाजवादी पार्टी (सपा) से नाराज चल रहल दिग्गज नेता आजम खान चुप्पी तोड़ते हुए इशारों में अखिलेश यादव पर निशाना सधले। करीब ढाई साल से सीतापुर जेल में बंद आजम खान आपन उपेक्षा से नाराज बाड़े और उनकर समर्थक खुलकर नाराजगी जाहिर कर रहल बाड़े, लेकिन आजम खान पहली बार ऐह पर कुछ कहले बाड़े। बेटे अब्दुल्ला आजम अपने ट्विटर हैंडल से आजम खान के हवाले से इ ट्वीट कईले।

आजम खान ईद के मुबारकबाद के साथ कहले, ”तू छोड़ रहा है, तो खता इसमें तेरी क्या, हर शख्स मेरा साथ, निभा भी नहीं सकता। वैसे तो एक आंसू ही बहा के मुझे ले जाए। ऐसे कोई तूफान हिला भी नहीं सकता। ईद मुबारक।” मानल जा रहल बा कि आजम खान के इशारा अखिलेश यादव की तरफ बा। आजम के करीबी लगातार इ बात के कहत रहले कि अखिलेश यादव के आजम के जेल में होखे के कौनो गम नइखे और उनकर रिहाई के खातिर कुछ नइखे किईल गईल।

इ बीच एक अन्य ट्वीट में अब्दुल्ला आजम पिता के साथ आपन तस्वीर शेयर करते हुए लिखले कि इ पिता के बिना पहली ईद बा और अइसन मौका दोबारा ना आवे। उ लिखले, ”वो जो ख्वाब था मेरे जहन में, न मैं कह सका न मैं लिख सका, की जबान मिली तो कटी हुई , की कलम मिला तो बिका हुआ। आपके बिना पहली ईद है अल्लाह पाक कभी दोबारा ऐसा मौका ना लाए।”

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments