Sunday, May 5, 2024
Homeटॉप स्टोरीयूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ बहन के मुराद करिहे पूरा

यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ बहन के मुराद करिहे पूरा

यूपी सीएम योगी आदित्यनाथ आज मंगलवार 03 मई के उत्तराखंड जा रहल बाड़े। उ पौड़ी जिले में स्थित आपन गांव भी जईहे। उ आपन बहन शशि सिंह के मुराद पूरा करिहे। बहन योगी आदित्यनाथ से भावुक अपील करते हुए कहले रहली कि उ एक बार घर आकर मां से मिल लेस। उनकर मां उनके रात-दिन याद करत रहेली।

पौड़ी गढ़वाल जिले के पंचूर गांव में जन्म के बाद उनकर नाम अजय सिंह बिष्ट राखल गईल रहे। 18 साल के उम्र में घर छोड़े वाला बिष्ट के गोरखपुर मठ में ही आदित्यनाथ नाम मिलल रहे। योगी के बहन शशि सिंह बतवले रहली कि घर छोड़त वक्त योगी ना बतवले रहले कि उ संन्यासी बने जा रहल बाड़े। 

यूपी के सीएम योगी आदित्यनाथ मंगलवार के यमकेश्वर अइहे। उ दोपहर 2:15 बजे जौलीग्रांट हवाई अड्डे पर पहुंचिहे। जहां सीएम पुष्कर धामी उनकर आगवानी करिहे। दुनो लोग जौलीग्रांट से हेलीकॉप्टर से यमकेश्वर के खातिर प्रस्थान करिहे और अपराह्न तीन बजे गुरु गोरखनाथ पीजी कालेज बिथ्याणी में आपन गुरु महंत अवैद्यनाथ के प्रतिमा के अनावरण करिहे।

योगी चार मई के भी यमकेश्वर में रहिहे जबकि पांच मई के यूपी पर्यटन विभाग के हरिद्वार में बने अलकनंदा होटल के शुभारंभ करिहे। सीएम योगी के उत्तराखंड दौरे के लेकर सरकार भी तैयारियां पूरा कर लीहले बा। सूत्रों के मानल जाओ त दाेनों राज्यों के बीच लंबित मांगों के निपटारे के खातिर भी बातचीत हो सकेला।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments