देश के सबसे बड़ी पार्टी होने के दावा करे वाला भारतीय जनता पार्टी आज अपन स्थापना दिवस मना रहल बा। एहिके लेकर पार्टी के तरफ से पूरा प्रदेश में तमाम तरह के तैयारियां कईल गईल बा। सूबे में विभिन्न कार्यक्रम के आयोजन कईल जा रहल बा । स्थापना दिवस के मौका पर मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ और मंत्री स्वतंत्र देव सिंह के मौजूदगी में लखनऊ स्थित पार्टी के राज्य मुख्यालय पर सुबह नौ बजे ध्वज फहरावल गईल।
लखनऊ में होखे वाला कार्यक्रम में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ सहित दोनों उपमुख्यमंत्री केशव मौर्य और बृजेश पाठक के साथ ही प्रदेश अध्यक्ष स्वतंत्र देव सिंह और पार्टी पदाधिकारी मौजूद रहले। स्थापना दिवस के मौके पर श्यामा प्रसाद मुखर्जी, दीनदयाल उपाध्याय जी के नमन करके सीएम योगी आदित्यनाथ माल्यार्पण कईले।
उदात्त लोकतांत्रिक व राष्ट्रीय मूल्यों के प्रति सदैव आबद्ध, विश्व के विशालतम राजनीतिक संगठन भारतीय जनता पार्टी के स्थापना दिवस के सभी प्रतिबद्ध एवं समर्पित कार्यकर्ताओं के हार्दिक बधाई व ढेरों शुभकामनाएं। ‘अंत्योदय से राष्ट्रोदय’ के सुपथ पर गतिशील भारतीय जनता पार्टी द्वारा 07-20 अप्रैल 2022 तक पूरे देश में ‘सामाजिक न्याय पखवाड़ा’ मनावे के निर्णय अभिनंदनीय बा। निसंदेह, यह निर्धन, वंचित, शोषित, दलित व पिछड़े वर्ग के सशक्तिकरण के खातिर भाजपा के प्रतिबद्धता के नई ऊर्जा प्रदान करी।
योगी आदित्यनाथ कहले कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के नेतृत्व और राष्ट्रीय अध्यक्ष जेपी नड्डा के निर्देशन में भाजपा द्वारा मनावल जा रहल ‘सामाजिक न्याय पखवाड़ा’ समाज के अंतिम पायदान पर खड़े व्यक्ति के जीवन में सकारात्मक परिवर्तन लावे में सहायक सिद्ध होई।
प्रदेशों के मुख्यमंत्री, मंत्री, विधायक, सभी कौनो न कौनो कार्यक्रम में हिस्सा लिहे। शोभा यात्रा भी निकालल जाई। शोभायात्रा के समापन के समय पार्टी के स्थापना दिवस पर प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी द्वारा कार्यकर्ताओं के संबोधितकईल जाई।
पार्टी के स्थापना दिवस से बाबा साहब भीमराव आंबेडकर के जयंती पर भाजपा द्वारा समरसता सप्ताह आयोजित कर सेवाकार्य कईल जाई। सेवा कार्य के अंतर्गत रक्तदान शिविर, स्वच्छता अभियान, अस्पतालों में फल वितरण, स्वास्थ्य परीक्षण शिविर और सार्वजनिक स्थलों पर पेयजल व्यवस्था कईल जाई।