Saturday, May 18, 2024
Homeटॉप स्टोरीबसपा नेता हाजी याकूब के मीट फैक्ट्री पर छापा, 10 गिरफ्तार; पूर्व...

बसपा नेता हाजी याकूब के मीट फैक्ट्री पर छापा, 10 गिरफ्तार; पूर्व मंत्री पर भी केस

बसपा नेता और पूर्व मंत्री हाजी याकूब के खरखौदा स्थित मीट प्लांट में अवैध पैकेजिंग और सप्लाई के सूचना पर बुधवार देररात तीन बजे छापेमारी कईल गईल । पुलिस ने वहां से दस लोगन के गिरफ्तार कईलस।

गुरुवार के कई विभागों के अधिकारी दिनभर अल-फहीम मीटेक्स प्राइवेट लिमिटेड मीट प्लांट में जांच करत रहले। ईहा से करीब 300 टन माल बरामद भईल और पैकिंग करत 10 लोगन के गिरफ्तार कईल गईल। इस मामले में हाजी याकूब, उनकर दोनों बेटे और पत्नी समेत 14 लोगों पर मुकदमा दर्ज करावल गईल बा। हाजी याकूब के बेटे कार्रवाई के गलत बतावत बाड़े सफाई दीहले कि उनके पास मीट पैकिंग की अनुमति बा। मालूम होखे कि यह प्लांट 2019 से बंद बा। इसमें अवैध रूप से कटान और पैकिंग कर सप्लाई करे के सूचना पर बुधवार देररात एएसपी किठौर चंद्रकांत मीणा फोर्स के साथ छापेमारी कईले।

गुरुवार के प्लांट पर एसपी देहात केशव कुमार, एसडीएम, बिजली विभाग, प्रदूषण विभाग, एमडीए, खाद्य विभाग, पशुपालन विभाग और कुछ अन्य विभागों के अधिकारियों के टीम पहुंचल। रात करीब नौ बजे तक जांच जारी रहल। खुलासा भईल कि मीट प्लांट के पीछे पोल्ट्री फार्म के आड़ में पैकेजिंग हो रहल बा। पुलिस वीडियोग्राफी करवलस। खरखौदा थाने में मुकदमा दर्ज भईल। मीट प्लांट में अवैध रूप से पैकेजिंग होखत रहल। कुछ लोगन के हिरासत में लिहल गईल ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments