Saturday, May 4, 2024
Homeमनोरंजनकथा कहानीखेसारी लाल यादव के साथ विवाद के बीच पवन सिंह कईले बिहार...

खेसारी लाल यादव के साथ विवाद के बीच पवन सिंह कईले बिहार के मुख्यमंत्री से बड़ अपील

भोजपुरी स्टार पवन सिंह पिछले कुछ दिन से काफी सुर्खियों में बाड़े। पहले पत्नी के साथ तलाक के लेकर उ सुर्खियों में रहले फिर उनकर खेसारी लाल यादव के साथ भी विवाद हो गईल। इ बीच पवन सिंह बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार से एक अपील कईलन। उ मुख्यमंत्री से गाना को लेकर जातिवाद को फैलावे पर एक पोस्ट कईले बाड़े। पवन फेसबुक पर एक पोस्ट शेयर कईले बाड़े। उ इ पोस्ट के जरिए मुख्यमंत्री से बिहार में नए कानून लावे के भी अपील कईले। उनकर कहना बा कि भोजपुरी भाषा के गरिमा के बचावल जरूरी बा।

पवन ने लिखले, ‘बिहार के सभ्यता संस्कृति में भोजपुरी के बहुत ही बड़ा महत्व बा। अब गीत-संगीत के माध्यम से जिस तरह जातिवाद के जहर बोवल जा रहल बा, ओहपर अंकुश लगावे के चाहि, नाही त बिहार के प्रतिष्ठा धार्मिक स्तर पर, न सामाजिक स्तर पर और न ही राजनैतिक स्तर पर बचावल जा सकेला। भोजपुरी भाषायी कुछ कलाकारों के वजह से बिहार में जातिगत उन्माद न फैले एकरी खातिर आप चुकीं हमारे बिहार के आत्मा कि तरह बाड़े एही खातिर आपसे आदर सहित अनुरोध बा कि कैबिनेट के माध्यम से शिघ्र कौनो अइसन कानून बिहार में लावे के कृपा करी। जिससे भोजपुरी भाषा के गरिमा और बिहार के अस्तित्व के बचावल जा सके।’

खेसारी के साथ विवाद

पवन सिंह और खेसारी के बीच कई बार विवाद भईल बा। हाल ही में दुनो के बीच फिर विवाद शुरू हो गईल बा। हालांकि ऐह बार इ विवाद के शुरू करे वाला पवन सिंह बाड़े। दरअसल पवन सिंह के एक फैन ने खेसारी लाल यादव के लेकर एक वीडियो शेयर कईलस और एक्टर की पत्नी और बेटी के लेकर गलत कमेंट कईलस।

एकरी बाद खेसारी पवन की तरफ इशारा करते हुए कहलन कि ई लड़ाई जाति के लेकर बा। उनके कई बार जाति के लेकर नीचा दिखावल गईल बा। एकरी बाद पवन सिंह जातिवाद के लेकर मुख्यमंत्री से अपनी गुजारिश कईले।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments