Monday, May 20, 2024
Homeदिल्ली-NCRकोरोना से अबले 13387 लोग भेइलें संक्रमित, पिछले 24 घंटे में...

कोरोना से अबले 13387 लोग भेइलें संक्रमित, पिछले 24 घंटे में 23 लोगन के भइल मौत

न्यूज़ डेस्क : नई दिल्ली

स्वास्थ्य मंत्रालय की ओर से जारी ताजा आंकड़न  के मुताबिक भारत में कोरोनावायरस से संक्रमितन  के संख्या 13387 हो गईल  बा .  पिछले 24 घंटों में कोरोना के 1007 नए मामले आएल बाने  और 23 लोगन के  मौत भइल बा . देश में कोरोना से अब तक 437 लोगन के  मौत हो चुकल बा , अबले  1749 मरीज इ बीमारी से ठीक भी हो चुकल बाने .

कोरोना से सबसे ज्यादा प्रभावित राज्य महाराष्ट्र में कोरोना संक्रमितन के  आंकड़ा तीन हजार पार कर गइल बा . एमें  से 2 हजार से ज्यादा मामला  सिर्फ मुंबई के बाने . ताजा आंकड़न  के मुताबिक मुंबई में आज 107 नया  पॉजिटिव मामला  सामने आइल . एकरा बाद इ  आकड़ा 2043 पहुंच गइल . एशिया के सबसे बड़ स्लम धारावी में 26 नया मामला सामने आवे  से इहां संक्रमितन  के संख्या 86 हो गईल बा . धारावी में नौ लोगन के  कोरोनावायरस के कारण मौत भी भइल बा .

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments