लखनऊ जंक्शन से आनन्द विहार दिल्ली के बीच चले वाली डबल डेकर पिछला तीन साल से ग्रीन सिग्नल के इंतजार में खड़ी बा। इ ट्रेन एक बार फिर 10 मई से पटरी पर दौड़त नजर आई। रेलवे बोर्ड अइसन डबल डेकर ट्रेन के सप्ताह में छह दिन के बजाए चार दिन चली। इ ट्रेन में सीटों के आरक्षण शुरू कईल गईल।
इ ट्रेन के संचालन से गोमती एक्सप्रेस, तेजस एक्सप्रेस, शताब्दी एक्सप्रेस समेत अन्य ट्रेनों पर यात्रियों के दबाव कम होई। ऐसे यात्रियों के काफी राहत मिली। ट्रेन नंबर-12583 डबल डेकर ट्रेन 10 मई से सप्ताह में चार दिन मंगलवार, गुरुवार, शुक्रवार और रविवार के संचालित होइ। लखनऊ जंक्शन से डबल डेकर ट्रेन सुबह 4:55 बजे रवाना होकर बरेली, मुरादाबाद, गाजियाबाद होते हुए दोपहर 12:55 बजे आनंद विहार पहुंची। वापसी में ट्रेन नम्बर 12584 डबल डेकर 10 मई से मंगलवार, गुरुवार, शुक्रवार और रविवार दोपहर 2:05 आनंद विहार से रवाना होकर लखनऊ जंक्शन रात 10:30 बजे पहुंची। इ ट्रेन में एसी चेयर कार के आठ तथा जनरेटर सह लगेज यान के दो कोच सहित कुल 10 कोच लगावल जाई।