Sunday, May 5, 2024
Homeटॉप स्टोरी'लोकसभा चुनाव से 6 महीने पहले बंगाल में लागी राष्ट्रपति शासन' TMC...

‘लोकसभा चुनाव से 6 महीने पहले बंगाल में लागी राष्ट्रपति शासन’ TMC सांसद के दावा, भाजपा के ‘प्लान’ भी बतवले

तृणमूल कांग्रेस के एक वरिष्ठ नेता आरोप लगवले बाड़े कि केंद्र के सत्तारूढ़ भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) के पास 2024 के लोकसभा चुनाव से पहले पश्चिम बंगाल में राष्ट्रपति शासन लगावे के योजना बा। इकोनॉमिक्स टाइम्स के दीहल गईल एगो इंटरव्यू में राज्यसभा सांसद और टीएमसी के राष्ट्रीय प्रवक्ता सुखेंदु शेखर रॉय दावा कईले कि इ उद्देश्य के प्राप्त करे के खातिर भाजपा एक चौतरफा रणनीति तैयार कईले बा।

टीएमसी सांसद के मुताबिक, बीजेपी उत्तर बंगाल के राज्य के बाकी हिस्सों से अलग करे, अक्सर राज्य के कानून पर चिंता व्यक्त करे, सीबीआई और अन्य एजेंसियों के उपयोग और राज्यपाल के “केंद्र और भाजपा पार्टी के एजेंट” के रूप में उपयोग करे के योजना के साथ काम कर रहल बा।

‘बंगाल के विभाजित करे के तैयारी’
रॉय कहले, “केंद्रीय गृह मंत्री अपनी हालिया यात्रा के दौरान अपनी रैली के खातिर उत्तर बंगाल के चुनले। केंद्र सरकार देश के भीतर से विभाजित करे और राज्य के बाकी हिस्सों से उत्तर बंगाल के काटे के कोशिश कर रहल बा, काहेकी उ जानत बाड़े कि ऐसा किए बिना उ जीत नइखन सकत। अगर अइसन नइखे त पार्टी के विधायक केंद्रीय गृह मंत्री के मौजूदगी में अलग उत्तर बंगाल के मुद्दा मंच से कैसे उठवते?”

‘केंद्रीय एजेंसियों के हो रहल उपयोग’
रॉय के अनुसार, तीसरी रणनीति के तहत मई 2021 में विधानसभा चुनावों में तृणमूल कांग्रेस के प्रचंड जीत के बाद बंगाल के नेताओं और मंत्रियों के खिलाफ केंद्रीय एजेंसियों के उपयोग बीजेपी कर रहल बा। उ कहले, “2 मई के परिणामों के बाद नारद मामला के सिलसिले में तृणमूल के कई वरिष्ठ मंत्रियों के गिरफ्तार कईल गईल रहे। वहीं, कैमरे पर रिश्वत लेते देखल गईल भाजपा नेता विपक्ष (एलओपी) सुवेंदु अधिकारी के सीबीआई तलब भी नइखे कईले।”

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments