Sunday, May 19, 2024
Homeव्यापारसीएम योगी तुड़वा दिहने गोरखनाथ मंदिर के दुकान, 200 दुकानन ...

सीएम योगी तुड़वा दिहने गोरखनाथ मंदिर के दुकान, 200 दुकानन पर चलल बुल्डोजर

न्यूज़ डेस्क : गोरखपुर (अमरदीप गुप्ता)

गोरखपुर के मोहद्दीपुर से जंगल कौड़िया तक करीबन 17 किलोमीटर लंबे फोरलेन के निर्माण में आड़े आ रहल गोरखनाथ मंदिर परिसर से सटल करीब 100 दुकानन के तीन दिन में ध्वस्त कर दिहल गइल बा ।मंदिर के करीब दो सौ दुकानें तोड़ल जाई । मंदिर के दुकानन के तोड़े के हरी झंडी खुद मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ दिहले बाने ।

फोरलेन के निर्माण के दौरान गोरखनाथ मंदिर परिसरके इ दुकानन के तोडे खातिर दुकानदारन के कई बार कहल गइल , लेकिन उ लोग बार-बार मोहलत मांग लेहत रहने । दुकानदारन के पहले खिचड़ी तक के मोहलत दीहल गईल रहल और फिर शिवरात्रि और होली तक। लेकिन, दुकानदार लोग एकरा बाद भी आपन दुकान ना हटइलें ।

हालांकि, इन दुकानदारन के लिए सीएम योगी आदित्यनाथ नई जगह की व्यवस्था करे के निर्देश मंदिर प्रबंधन के दिहले बाने . एकरा बाद मंदिर प्रबंधन मल्टीस्टोरी शॉपिंग कॉम्प्लेक्स बनावे के फैसला करले बा . बताइल जात बा कि कॉम्पलेक्स के लिए जीडीए मानचित्र अप्रूव कर दिहले बा .

सीएम योगी आदित्यनाथ के इ फैसला से गोरखपुर के लोगन के जाम की समस्या से मुक्ति मिल जाई . 

Image Creadit: Google


LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments