Tuesday, May 7, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणपाकिस्तान इंटरनेशनल एयरलाइंस का विमान कराची भइल क्रैश, 98 लोग रहलें...

पाकिस्तान इंटरनेशनल एयरलाइंस का विमान कराची भइल क्रैश, 98 लोग रहलें सवार

न्यूज़ डेस्क : नई दिल्ली ( न्यूज़ श्रोत – ANI / PIA)

पाकिस्तान इंटरनेशनल एयरलाइंस (PIA) के लाहौर से कराची जा रहल विमान के कराची एयरपोर्ट के पास क्रैश होवे की खबर बा । समाचार एजेंसी एएनआई पाकिस्तानी मीडिया के हवाले से इ खबर दिहले बिया । विमान में 98 लोग सवार रहलें।  इ एक एयरबस A320 विमान रहल ।पाकिस्तान इंटरनेशनल एयरलाइंस (पीआइए) के प्रवक्ता अब्दुल्ला हाफिज बतइने कि पीके-8303 फ्लाइट 91 यात्री और आठ क्रू मेंबर के साथ लाहौर से कराची आवत रहे ।

करीब 15 साल पुराने एयरबस ए 320 विमान के कैप्टन सज्जाद गुल उड़ावत रहलें । यात्रियन में 31 महिलाएं और 9 बच्चे भी रहलें । प्रवक्ता के अनुसार पायलट 2.37 (स्थानीय समय) पर लैंडिंग में दिक्कत की बात एयर ट्रैफिक कंट्रोल (एटीसी) को बतइले रहल ।

इस क्षेत्र के रहे वाले 25 से 30 लोगन के अस्पताल पहुंचाइल गइल बा । सभी बुरी तरह जलल बाने । सिंध की स्वास्थ्य मंत्री डाक्टर अजरा और ईधी वेलफेयर ट्रस्ट के साद ईधी बतइलें कि अब तक 60 शव अस्पताल पहुंचाइल जा चुकल बाने । इ दुर्घटना मलिर के मॉडर्न कॉलोनी के पास जिन्ना गार्डन इलाके में भइल रहल ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments