Wednesday, May 8, 2024
Homeकृषि एवं पशु धनकिसान आंदोलन: टिकरी बॉर्डर पर किसान और पुलिस में तगड़ी झड़प, वाटर...

किसान आंदोलन: टिकरी बॉर्डर पर किसान और पुलिस में तगड़ी झड़प, वाटर कैनन व आंसू गैस के भइल इस्तेमाल

न्यूज़ डेस्क : नई दिल्ली

केंद्रीय  कृषि सुधार कानूनों का विरोध करे खातिर दिल्ली के घेराव करे जा रहल किसान लोग दिल्ली की ओर कूच करत बाने । किसानन के दिल्ली में आवे से रोके खातिर बड़ी संख्या में सुरक्षाबलन के तैनात करल गइल बा ।

एही बीच किसानन और सुरक्षाकर्मियन के बीच दिल्ली-बहादुरगढ़ राजमार्ग के पास टिकरी सीमा पर झड़प हो गइल । पुलिस के वाटर कैनन और आंसू गैस के गोला के इस्तेमाल करे के पड़ल। एही से पहले सिंघु बॉर्डर (हरियाणा-दिल्ली सीमा) पर पुलिसवाले प्रदर्शन करत रहल किसानन के तितर बितर करे खातिर आंसू गैस के इस्तेमाल कइलस । इहां भारी संख्या में सुरक्षाकर्मी तैनात बाने बा ।

किसानन के प्रदर्शन के मद्देनजर दिल्ली मेट्रो शुक्रवार के ग्रीन लाइन पर छह मेट्रो स्टेशनों पर एंट्री और एग्जिट गेट बंद रहले के जानकारी दिहले बा । ग्रीन लाइन पर ब्रिगेडियर होशियार सिंह, बहादुरगढ़ सिटी, पंडित श्री राम शर्मा, टिकरी बॉर्डर, टिकरी कलां और घेवर स्टेशनों पर एंट्री और एग्जिट अब बंद बाने । दिल्ली मेट्रो के अधिकारी घोषणा कइने कि पड़ोसी शहरों से सेवाएं शुक्रवार को निलंबित रहिहें ।

Image credit : Google

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments