Sunday, April 28, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणकाहें ख़ास बा कुशीनगर इंटरनेशनल एयरपोर्ट?

काहें ख़ास बा कुशीनगर इंटरनेशनल एयरपोर्ट?


न्यूज़ डेस्क , भोजपुरी लाइव : गोरखपुर

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी 20 अक्टूबर बुधवार के कुशीनगर इंटरनेशनल एयरपोर्ट का उद्घाटन कइने और कहने कि इ ‘दशकों की आकांक्षाओं और प्रयासों की अभिव्यक्ति’ बा . खास बात इ बा कि श्रीलंका से पहली फ्लाइट ओही दिन सुबह कुशीनगर इंटरनेशनल एयरपोर्ट पर उतरल, जेमे एक हाई लेवल डेलिगेशन आइल. श्रीलंका के इ डेलिगेशन में मंत्रियन समेत बौद्ध भिक्षु भी शामिल रहने .कुशीनगर हवाई अड्डा सिर्फ अंतरराष्ट्रीय कनेक्टिविटी ही नहीं बल्कि दुनिया तक भारत की सांस्कृतिक गाथा और बौद्ध सर्किट तक पहुंचावे के बड़ा जरिया भी बने जात बा । एमे स्थानीय स्तर पर पर्यटन के विस्तार तो होइबे करी, रोजगार के अवसर भी बढ़ी। बौद्ध धर्मावलंबी और पर्यटक आसानी से कुशीनगर कम समय में पहुचिहें और बौद्ध सर्किट और बौद्ध तीर्थ स्थलों घुमे में भी आसानी होई ।

प्रधानमंत्री ने बतइने कि लुंबिनी (Lumbini), सारनाथ (Sarnath) और बोधगया (Bodhgaya) जइसन अन्य बौद्ध स्थल कुशीनगर से थोड़ी दूरी पर बाने, जेके बौद्ध सर्किट से एक साथ जोड़ल गइल बा ।

कुशीनगर इंटरनेशनल एयरपोर्ट उत्तर प्रदेश के कुशीनगर में स्थित बा. इ एयरपोर्ट गोरखपुर से 47 किलोमीटर दूर बा. गोरखपुर पूर्वांचल के प्रमुख शहर बा . गोरखपुर के बॉर्डर नेपाल के साथ लगल बा। कुशीनगर इंटरनेशनल एयरपोर्ट रणनीतिक रूप से भी बहुत महत्वपूर्ण बा ।

सीएम योगी के प्रयासन से बनल इ इंटरनेशनल एयरपोर्ट 589 एकड़ में 260 करोड़ रुपये की लागत से बनल बा । एकर एप्रन पर चार बड़े हवाई जहाज एक साथ खड़ा हो सकेलें । प्रदेश के सबसे बड़े रनवे (3200 मीटर) वाला इस एयरपोर्ट के क्रियाशील होवे के साथे ही पर्यटन विकास, निवेश, रोजगार के बड़ा प्लेटफॉर्म करत बा । साथे देश के सांस्कृतिक संबंधों के अंतरराष्ट्रीय स्तर पर और विस्तार होई।

कुशीनगर इंटरनेशनल एयरपोर्ट का रनवे 3.2 किमी लंबा और 45 मीटर चौड़ा बा, जउन की यूपी के सबसे लंबा रनवे बा । एके रनवे पर हर घंटे में 8 फ्लाइट आ-जा सकेली । इतना ही नहीं, इइ एयरपोर्ट पर अइसन इंतजाम करल गइल बा , ताकि इहां दिन के साथ-साथ रात में भी आसानी से उड़ान भरल जा सके ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments