Saturday, May 4, 2024
Homeस्पोर्ट्सIPL 2021: धोनी देखइलें CSK के नया जर्सी, जडेजा कहलें ई बात

IPL 2021: धोनी देखइलें CSK के नया जर्सी, जडेजा कहलें ई बात

चेन्नई सुपर किंग्स के ऑलराउंडर रविंद्र जडेजा टीम के इंस्टाग्राम हैंडल पर एक मजेदार कॉमेंट कईलें। CSK एक वीडियो पोस्ट कईले रहे जेमन महेंद्र सिंह धोनी टीम के नया जर्सी देखा रहल बाने, जेके लेके जडेजा एक मजेदार कॉमेंट कईले बाने।

चेन्नई के टीम इ वीडियो के साथ कैप्शन दिया- “Thala Dharisanam! #WearOnWhistleOn with the all new #Yellove! #WhistlePodu.”

एही बात पर जडेजा कॉमेंट कईलें ‘मेरे लिए L साइज दिखाना।’

चेन्नई सुपर किंग्स के नया जर्सी भारतीय सैन्य बलों के समर्पित बा। धोनी टैरिटोरियल आर्मी में लेफ्टिनेंट कर्नल के मानद पद पर बाने। साल 2008 के बाद पहली बार चेन्नई सुपर किंग्स अपन जर्सी रिडिजाइन कईले बा।

जर्सी में फ्रेंचाइजी के लोगो के ऊपर तीन स्टार बा जवन 2010,2011 और 2018 में मिलल खिताबी जीत के द्योतक बा। इकरे अलावा भारत के सशस्त्र सेना के सम्मानस्वरूप ओकर ‘कैमॉफ्लॉज’भी डालल गयल बा।

सीएसके के सीईओ एस विश्वनाथ (KS Vishwanath) एक विज्ञप्ति में कहले , ‘यह काफी समय से हम सोच रहे थे कि सशस्त्र सेना की अहम और निस्वार्थ सेवा के प्रति जागरुकता कैसे जगाई जाए। यह ‘कैमॉफ्लॉज’उसी सेवा के प्रति हमारा सम्मान है। वे हमारे असली हीरो हैं।’

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments