Tuesday, May 14, 2024
Homeदिल्ली-NCRदिल्ली: जीटीबी अस्पताल में बदमाशों के हमला, पुलिसवालों के आंखों में मिर्च...

दिल्ली: जीटीबी अस्पताल में बदमाशों के हमला, पुलिसवालों के आंखों में मिर्च झोंक छुड़ईले आपन साथी

दिल्ली के गुरु तेग बहादुर अस्पताल के बाहर आज पुलिस अउर बदमाशन के बीच गोलीबारी भईल। इ गोलीबारी में एक बदमाश के मौत हो गईल अउर एक के घायल भईले के खबर बा। मरे वाले बदमाश के नाम रवि बतावल जा रहल बा, जबकि घायल अविनाश के जीटीबी अस्पताल में इलाज चल रहल बा। रवि के खिलाफ पांच-छह आपराधिक मुकदमा दर्ज बा।

पुलिस से मिलल जानकारी के अनुसार पुलिस कुलदीप फज्जा नाम के बदमाश के मेडिकल करावे के खातिर आईल रहल। ई बदमाश जितेंद्र गोगी गैंग के सदस्य बा। ई पर हत्या जईसन करीब 70 संगीन से अधिक केस दर्ज बाने।

एके जब जीटीबी अस्पताल लावल गयल तब गोगी गैंग के आधा दर्जन बदमाश एके पुलिस कस्टडी से छुड़वाने के खातिर गोलीबारी करे लगलन। पुलिस बताईलस की जवाबी कार्यवाही में एक बदमाश ढेर कर देबल गयल, मगर कुलदीप फज्जा के बदमाश भगा के ले गईले।

प्रगति मैदान में भी भईल मुठभेड़
दिल्ली पुलिस के साथ मुठभेड़ में दो इनामी बदमाश घायल भायल बाने। मुठभेड़ प्रगति मैदान के पास भईल। बतावल जत रहे कि एक बदमाश के सिर पर चार लाख अउर दूसरे के सिर पर दो लाख का इनाम रहे। 

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments