वर्ल्ड चैम्पियनशिप में गोल्ड मेडल जीते वाली भारत के पहिली बैडमिंटन खिलाड़ी अउर यूथ आइकॉन पुसरला वेन्कट सिंधु अब गुजरात सुसाइड प्रिवेंशन के ब्रांड एंबेसडर होइहे । उ ब्रांड एंबेसडर के प्रस्ताव के स्वीकार कई लिहलीं ।
न्यूज़- नेता विपक्ष पद के लेके कांग्रेस में भईल विवाद, सिद्धारमैया-शिवकुमार में भईल तकरार
आगामी 10 सितंबर के वर्ल्ड सुसाइड प्रिवेंशन दिवस पर जीवीके 108 अउर गुजरात सरकार के संयुक्त उपक्रम में सुसाइड प्रिवेंशन प्रोग्राम के तहत 104 हेल्पलाइन नंबर शुरू होइ । कठवाडा स्थित जीवीके 108 मुख्य केंद्र में होवे वाले कार्यक्रम में पीवी सिंधु अउर सीएम विजय रूपाणी उपस्थित रहिहे । देश में हर एक लाख व्यक्तियन में 10 आत्महत्या कई लेले ।