Tuesday, April 30, 2024
Homeअन्यकोरोना के मद्देनजर सरकार के बड़ा फैसला, 31 मार्च तक सभी रेल...

कोरोना के मद्देनजर सरकार के बड़ा फैसला, 31 मार्च तक सभी रेल और मेट्रो सेवाएं बंद

न्यूज़ डेस्क : दिल्ली

कोरोना के फैलाव के रोके खातिर रविवार यानि 23 मार्च से 31 मार्च कर देश में पैसेंजर ट्रेन और मेट्रो के चलने पर रोक लगा दिहल गइल बा। कोरोना के डर के बीच सरकार अंतरराज्यीय बसों और ट्रेन के संचालन पर रोक लगा दिहले बिया। आवास और शहरी मामलों के मंत्रालय आदेश जारी कर के सभी मेट्रो रेल कॉरपोरेशन के डायरेक्टर्स के मेट्रो के बंद करने के निर्देश दिहले बा ।

मंत्रालय के सचिव डी एस मिश्रा इ जानकारी दिहले कि इस भयानक महामारी के मौजूदा हालात में मेट्रो बंद करे के फैसला लिहल गइल बा। जानकारों के मुताबिक लोंगन के बीच निकटता के कम करे के बा ताकि वायरस के फैलने के गति कम करल जा सके। अधिकारियन के निर्देश दिहल गइल बा कि मेट्रो कॉर्पोरेशन ज्यादा से ज्यादा इ जानकारी के फैलाएं ताकि रविवार के बाद आम जनता के परेशानी ना हो।

जनता कर्फ्यू की वजह से कई जगहन पर पहले से मेट्रो सेवा बंद बा लेकिन केंद्र सरकार एके 31 मार्च तक बंद करे के फैसला लिहले बिया। हालांकि इससे पहले रेलवे अंतरराज्यीय रेल नेटवर्क पर रोक लगा चुकल बा।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments