Sunday, May 19, 2024
Homeमनोरंजनभोजपुरी सिनेमाभोजपुरी मेगास्टार रवि किशन के जन्मदिन पर साथ में दिखलीं भोजपुरी...

भोजपुरी मेगास्टार रवि किशन के जन्मदिन पर साथ में दिखलीं भोजपुरी ऐक्ट्रेस कनक पांडे

भोजपुरी मेगास्टाररवि किशन के हाल ही 17 जुलाई के आपन बर्थडे सेलिब्रेट कईले । जन्मदिन के एह शुभ-अवसर पर मौके पर उनकर फैन्स सहित कई सिलेब्रिटीज़ भी मौजूद रहले | उनके जन्मदिन स्पेशल पर सोशल मीडिया पर रवि किशन के खातिर काफी सारा पोस्ट उनके खातिर उनकर फैंस और सेलिब्रिटी शेयर कईले | जउन तस्वीर अउर विडियोज सोशल मीडिया पर काफी वायरल भी भईल।

रवि किशन अपने बर्थडे के मौका पर एक पार्टी रखले जेहमे उनकर करीबी दोस्त के साथ-साथ परिवार के सदस्य भी शामिल भईले। एह जश्न में भोजपुरी इंडस्ट्री से अंजना सिंह, कनक पांडे, अनारा गुप्ता जइसन कई स्टार्स नजर अईले ।भोजपुरी ऐक्ट्रेस कनक पांडे अपने इंस्टाग्राम पर एह बर्थडे पार्टी के एगो फोटो शेयर कईले बानी । तस्वीर में उ बर्थडे बॉय रवि किशन के साथ नजर आ रहल बानी। तस्वीर के शेयर करते हुए उ कैप्शन दिहलीं , ‘बीती रात रवि जी की बर्थडे पार्टी … @ravikishann जी’। आप लोगन के बता दिहल जा कनक ‘सौगंध’ अउर ‘भारत बनाम पाकिस्तान’ जइसन भोजपुरी फिल्म में अपने करिदार के खातिर जानल जालीं |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments